शान्ति सुरक्षा मे विशेष ध्यान देवेके प्रहरी उपरीक्षक देउवा के दाबी

प्रभु यादव

बारा ०४ माघ

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक दिलिप सिंह देउवा शान्ति सुरक्षा मे कउनो किसिम के सम्झौता ना करके अहम भुमिका निर्वाह करेके बतवले बानी ।

शान्ति सुरक्षा के साथे सीमा से होखेवाला अबैध क्रियाकलाप आ प्रहरी–सर्वसाधारण बीच रहल बिचौलिया समुह के भी सखाप करके अहम भुमिका निर्वाह करेसे पछाडि ना हटेके बतवले बानी । मंगर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से आयोजन कईल चियापान कार्जक्रम मे बोलत प्रहरी उपरीक्षक दिलिप सिंह देउवा जिल्ला के शान्ती सुरक्षा के बिषय मे कउनो राजनीति दबाव मे ना करके निस्वार्थ भावना मे चलेके बतवनी । आपन संगठन के नीति आ निर्देशन मुताविक आपन काम के पालना करेके बतावत पत्रकारलोग के समाचार संकलन मे होखेवाला हस्तक्षेप के बिषय मे भी ध्यान पुगावेके बतवनी ।

पुलीस आ सर्वसाधारण बीच के सहकार्य के खातिर प्रयोग होत आईल बिचौलिया के भी पूर्ण रूप से हटावल प्रहरी उपरीक्षक देउवा बतवनी । सर्वसाधारण से कउनो समय, कउनो किसिम के प्रहरी सेवा खोजला पर बारा प्रहरी हरदम सेवा के खातिर तत्पर होखेके बतवनी । कउनो किसिम के अपराधिक क्रियाकलाप मे राजनीति हस्तक्षेप होखे ना देवे खातिर कानून बमोजिम कारवाही करेके प्रहरी उपरीक्षक देउवा ठोकुवा कईनी ।

कार्जक्रम मे बारा जिल्ला मे होखेवाला अपराधी क्रियाकलाप के साथे सीमा से होखेवाला तस्करी लगायत जिल्ला के शान्ती सुरक्षा के बिषय मे पत्रकारलोग आपन आपन बिचार रखले रहलन । कार्जक्रम मे पत्रकार उमेश दुबे, राकेश पान्डे, अनिल पान्डे, धिरेन्द्र तिवारी, नरेश गुप्ता, रामबाबु मेहता लगायत दर्जनो पत्रकारलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।