शीतलहर से जनजीवन अस्तव्यस्त

बारा ०६ माघ
कुछ दिन से चल रहल शीतलहर के चलते बहुते जाडा बढे लागला के बाद इहाँ के जनजीवन प्रभावित बनल बा । बितल पुस १८ गते से अचानक शीतलहर चले लागला के बाद जाडा बढत लईकालइकी, बुड असहाय, गरिब विपन्न आ श्रमिक के जीवनयापन करेमे बहुते कठिनाइ हो रहल बा ।
ज्यालादारी, मजदूरी करेवाला बाहेक के आदमी जाडा के चलते बहुते जरुरी कामबाहेक घर से बाहर ना निकलला पर हाटबजार, सरकारी कार्यालय, यतायात समेत मे चलहपहल कम देखल गईल बा । इहे माघ १५ गते क विद्यालय कोभिड के चलते बन्द होखेके जनावल गईल बा ।
एहितरे मधेस प्रदेश के नामाकरण भईल खुसीयाली मे प्रदेश सरकार दु दिन छुटी देहला से भी कर्मचारी जाडा से कुछ राहत महसुस कईले बाडन । बहुते जाडा बढला के बाद सर्वसधारण जगहा जगहा मे आगी बारके ताप रहल बाडन आ जिल्ला के १६ स्थानीय तह मे रहल विपद व्यवस्थापन समिति गर्मी देवेवाला कपडा कम्बल वितरण करत जगहा जगहा मे आगी तापेके प्रबन्ध भी मिलावल सिम्रौनगढ नगरपालिका के प्रमुख विजयशङ्कर यादव जानकारी देहनी ।
अभी तक जाडा के चलते जिल्ला मे मानवीय क्षति ना भईल प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जानकारी देहनी ।






