घुमनते कुकुर के बन्ध्याकरण सुरू

प्रभु यादव

बारा ६ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल घुमनते कुकुर के बन्ध्याकरण करे के सुरू भईल बा । बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल बन्ध्याकरण कार्जक्रम के सुरू करत खुला घुमरहल कुकुर के सुरक्षित राखेला कईल जारहल काम से प्राणी सब के माया कईल जारहल जनकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रजिअ कटुवाल पहिले सुनेके मिलल कुकुर के बन्ध्याकरण आजु देखे के मिलल जवन रेविज रोग के रोके के काम करी बतावले बानी । कलैया अस्पताल के मेसु डाक्टर गौरव महतो कुकुर के कटला पर दिनहु १५ से २० जने रेविज के सुई लगावेला आरहल जनकारी करावले बानी ।

कुकुर के कटला पर १० दिन तक पहचान कईल जाला माकिर समुदाय मे रहल लोग कवनो पहचान ना कर के रेविज के सुई लगावेला जबर्जस्ती दवाव देके लगावे के काम करावेला मेसु महतो जनकारी करावले बानी । अभि अस्पताल मे रेविज के सुई लेवे आवेवाला लोग के कवनो सिफारीस के जरूरी ना भईल मेसु महतो जनकारी करावले बानी ।

प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकिकरण परियोजना परियोजना कार्वन्यन ईकाई कार्यालय बारा के प्रमुख डाक्टर सुरेन्द्र यादव एशिया आ अफ्रिकी प्रन्त मे अधिक कुकुर से रेविज लागल तथ्यांक रहल जनकारी करावले बानी । एशिया महादेश के भारत मे सब से अधिक रेविज के प्रकोप रहल यादव जनकारी करावले बानी । रेविज के कम करेला दुगो उपाय रहल बा पहिलका उपाय रेविज के सुई सभे के देवेके आ दुसरा उपाय कुकुर के व्यवस्थापन करे के पडी डाक्टर यादव जनकारी करावले बानी ।

कुकुर सब के बन्धयाकरण करेला समुदायमे सहयोग करहल मिनमाया श्रेष्ठ १२ बरीस पहिले बन्धयाकरण कईल गईल रहे जेकरा वाद आज कईल जारहल बा बतावले बानी । बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के बजार एरिया मे मातरे ना सभे पालिका मे हरेक बरीस करे के पडल सुझाव श्रेष्ठ जनकारी करावले बानी । बन्धयाकरण करहल डाक्टर विकास श्रेष्ठ बारा मे एक सय २५ गो कुकुर के बन्ध्याकरण करे के योजना रहल जनकारी करावले बानी ।

करीब एक हप्ता तक के लक्ष्य लेके बन्धयाकरण करे के काम सुरू कईल गईल बा पहिला तीन दिन मे पूरा करे के प्रयास कईल जारहल डाक्टर श्रेष्ठ जनकारी करावले बानी । डाक्टर श्रेष्ठ के संयोजकत्व मे डाक्टर सिजन थापा सहित के ७ जने के प्राविधिक टोली द जेन गुडाल इन्टिच्युट से आईल बन्ध्याकरण सुरू कईले बा । सन २०३० तक मे रेविज शून्य मे करे के लक्ष्य लेके बनध्याकरण कार्जक्रम के आयोजना कईल गईल बा ।

स्थानिय तह के समन्वय मे समाजिक तथा घर पालुवा कुकुर सब बन्ध्याकरण आ रेविज रोग नियन्त्रण करेला कार्जक्रम भेटेरिनरी अस्पताल तथा पशु सेवा विज्ञ केन्द्र बारा के आयोजना मे कईल गईल बा । कार्जक्रम के सभापति विज्ञ केन्द्र के प्रमुख शंकर साह बन्ध्याकरण कार्जक्रम समुदाय आ पालिका के सहयोग रहित हरेक बरिस सञ्चालन कईल जाई जनकारी करावले बानी ।

सञ्चालन होरहल बन्ध्याकरण कर्जक्रम मे निजि पालल कुकुर के बन्धयाकरण आ रेविज के सुई निशुल्क देहल प्रमुख साह जारहल जनकारी करावले बानी । डाक्टर सुनिल यादव के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे कृषि ज्ञान केन्द्र बारा के प्रमुख जितेन्द्र यादव, पशु विज्ञ केन्द्र के कर्मचारी, संचारकर्मी पशुपालक किसान लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।