सबैठवा प्रहरी चौकी के भवन उदघाटन

वीरगंज ०७ माघ

पर्सा के पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ मे रहल सबैठवा प्रहरी चौकी के नवनिर्मित भवन शुक के दिने उदघाटन कईल बा ।

भवन के एक कार्जक्रम के बिच पर्सा प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक रमेश कुमार बस्नेत उदघाट कर्ईले बानी । लम्हर समय से कच्ची भवन मे संचालन होत आईल प्रहरी चौकी के ५ कोठे पक्की भवन निर्माण भईल बा ।

प्रदेश सरकार के आन्तरकि मामिला तथा संचार मंत्रालय से पुलीस के खातिर पुर्वाधार निर्माण एवं सुध्रिकरण कार्जक्रम अन्तर्गत ३६ लाख ४३ हजार २ सय ७६ के लागत मे ठेक्दार मार्फत भवन निर्माण भईल प्रहरी चौकी जनवले बा ।

उदघाटन कार्जक्रम मे पकाहमैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष विजय चौरसिया, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक प्रहलाद कार्की लगायत पकाहाँ मैनपुर गाँवपालिका आ कालिकामाई गाँवपालिका के समाजसेवी तथा बुद्धजिवीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।