कालिकामाई गा.पा. मे एगो आउर भ्रष्टाचार के घटना, बिना छड डलले सडक ढलान

वीरगंज ०८ माघ,
बितल लम्हर समय से पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका मे होत आईल भ्रष्टाचार आ अनियमित्ता के अनेकन सञ्चारमाध्यम मे समाचार प्रकाशन आ प्रशारण होत आईल बा माकिर सम्बन्धित निकाय कान मे तेल डाल के सुतल सिकाईत बढल बा ।
एहितरे पालिका मे एगो आउर भ्रष्टाचार के नमुना सार्वजनिक भईल बा । गाँवपालिका मे मापदण्ड विपरित विकास निर्माण के काम भईल मिलल बा । गाँवपालिका के वार्ड नं. २ गदियानी मे मापदण्ड विपरित सडक ढलान भईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन । स्थानियलोग के मुताविक गाँवपालिका से १० लाख ५० हजार के लागत मे निर्माण भईल आरसिसि सडक ढलान छड विना हि कईले बाडन । कुछ दिन पहिले मात्र भईल सडक ढलान एक मिटर छड विना हि कईल गईल बा । रोड के बिच बिच मे छड हि नईखे डालल फोटो आ भिडियो अभी सामाजिक सञ्जाल मे भाईरल भईल बा । छड डालल जगहा मे भी मापदण्ड मुताविक नईखे ।
सडक ढलान करेके समय मे स्थानियलोग से विरोध कईला पर भी कउनो सुनवाई ना भईल स्थानिय असर्फी राउत गद्दी बतवनी । उपभोक्ता समिति मार्फत भईल सडक ढलान इस्टिमेट मुताविक ना भईल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
“सडक ढलान के खातिर डालेवाला छड मापदण्ड मुताविक डालल नईखे । कहुँ कहुँ छड विना हि ढलान कईल बा । हमनी ओईसन ना करे खातिर निहोरा कईला पर भी उलोग बल जबरजस्ती कईलन” स्थानिय गद्दी बतवले बाडन ।
गद्दी के मुताविक गाँवपालिका से आईल अनुगमन के समय मे छड विना के सडक ढलान भईल मिलला के बाद छड ना डालल रोपेया घटाके भुक्तानी करेके कहके गईल बाडन ।
कालिकामाई गाँवपालिका के अईसन बारम्बार भ्रष्टाचार के घटना बाहर आ रहल बा माकिर एकरा ओरी सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगे नईखे सकल । एकरा से पहिले भी गाँवपालिका मे भ्रष्टाचार भईल कहत स्थानियलोग अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मे निवेदन भी दर्ता करवले रहलन ।






