परीक्षा स्थगित कईल विरोध मे सीटीईभीटी विरुद्ध जनकपुरधाम मे प्रदर्शन

जनकपुरधाम १३ माघ

परीक्षा स्थगित कईल विरोध मे सीटीईभीटीविरुद्ध विद्यार्थीलोग जनकपुरधाम मे प्रदर्शन कईले बाडन ।

सीटीईभीटी आवेवाला माघ २७ गते से परीक्षा तोकला मे उ परीक्षा अभी स्थगित कईले बा । परीक्षा स्थगित कईल विरोध मे विद्यार्थी रमानन्द चोक मे टायर बारके प्लेकार्डसहित प्रदर्शन कईले बाडन ।

बेर–बेर परीक्षा स्थगित करके ३ बरीस के कोर्ष के ५ बरीस तक पुगावे के चाहल विद्यार्थी के कहनाम बा । उलोग वैकल्पिक विधी से परीक्षा ना भईला पर भौतिक उपस्थिति मे स्वास्थ्य मापदण्ड पालना करके परीक्षा लेवेके बतवले बाडन ।

अईसे भी ना भईला पर आन्तरिक मूल्यांकन से नतिजा प्रकाशन करेके उलोग बतवले बाडन । डिप्लोमा तह मे अध्ययनरत सुमित यादव विद्यार्थी के जीवन से खेलबाड करे ना मिलेके आ समय मे परीक्षा होखेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।