किटनाशक औषधि उत्पादन कईल आरोप मे बायोप्लान्टिक प्रालि मे शिलबन्दी, अनुसन्धान सुरु

वीरगंज १३ माघ

जैविक मल उत्पादन करेके स्वीकृति लेके किटनाशक औषधि उत्पादन कईल आरोप मे बारास्थित शिवशक्ति बायोप्लान्टिक प्रालि मे स्थानीय प्रशासन शिलबन्दी करके आउर अनुसन्धान सुरु कईले बा ।

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–४ चैनपुरस्थित प्रालि के कारखाना मे शिलबन्दी करके जरुरी अनुसन्धान सुरु कईल बारा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवराज सेढाई जानकारी देहनी । जैविक मल उत्पादन करेके स्वीकृति लेके विषादी किटनाशक औषधि उत्पादन कर रहल उ उद्योग उपर आरोप बा ।

यद्यपि उ बारेमे अनुसन्धान सुरु कईल आ उद्योग के सभी कागजात माग कईलल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी सेढाई जानकारी देहनी । इलाका प्रहरी कार्यालय भण्डारा चितवन बितल माघ १ गते करिब रु ९ लाख ८० हजार मूल्य बराबर के अवैध किटनाशक औषधि सहित के ट्रक नियन्त्रण मे लेहला के बाद उ उद्योग के कारोबार के बारे मे जानकारी भईला के बाद स्थानीय प्रशासन अनुसन्धान सुरु कईले बा ।

उद्योग मे भारतीय नागरिक रामाकान्त भारती, कमलकान्त सिंह आ सञ्जीत राय यादव लगायत के लगानी बा । अनुमति बिना किटनाशक औषधि उत्पादन करके किसान के ठगी कईल आरोप उद्योग उपर लागल बा । उद्योग के सञ्चालक सभी सम्पर्क मे ना आईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।