सद्दाम हुसेन के भोजपुरी म्यूजिक भिडियो ब्याक पे एटैक रिलिज

वीरगंज १४ माघ
बीरगंज के चर्चित गायक सद्दाम हुसेन के भोजपुरी म्यूजिक भिडियो ब्याक पे एटैक रिलिज भईल बा । द सदाम हुसैन प्रोडक्सन के ब्यानर मे बनल म्यूजिक भिडियो आज द सदाम हुसैन नामक यू ट्यूब च्यानल मे रिलिज कईल बा ।
मधेस प्रदेश के आर्थिक राजधानी बीरगंज मे छ्याङ्कन भईल ब्याक पे एटैक गित के शब्द आ सङ्गीत बलराम मिश्र के रहल बा आ स्वर चर्चित गायक सदाम हुसेन के रहल बा । ई म्यूजिक भिडियो मे अभिनय टिक टक के चर्चित कलाकार बिटु दास, सोमिया पोखरेल आ प्रभात यादव के रहल बा । ब्याक पे एटैक म्यूजिक भिडियो माघ १४ गते शुक के दिन के १२ बजे सार्वजनिक कईल बा ।
देश मे कोभिड महामारी के चलते कउनो कार्जक्रम ना करके भिडियो रिलिज करेके परल प्रोडक्सन हाउस जानकारी देहले बा । चर्चित गायक सदाम हुसेन ब्याक पे एटैक म्यूजिक भिडियो के बहुते से बहुते लाइक, कमेन्ट आ सेयर करके सहजोग करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
म्यूजिक भिडियो के कलाकार बिटु दास के टिक टक मे एक लाख चार हजार फ्लोअर रहल बा आ टिक टक मे अभिनय देखाके माया बटुलेके सफल भईला के बाद अब भोजपुरी म्यूजिक भिडियो कईल कलाकार दास जानकारी देहनी ।
एहितरे ब्याक पे एटैक नामक म्यूजिक भिडियो मे अभिनेत्री के रूप मे रहल टिक टक स्टार सोमिया पोखरेल टिक टक के माध्यम से मात्र ना होके अब भोजपुरी म्यूजिक के माध्यम से आपन लोकप्रियता बढावे के प्रयास कईल बतवनी । उ अब आवेवाला दिन मे भोजपुरी म्यूजिक भिडियो के माध्यम से माया बटुलेमे कोसिस कर रहल बतवनी ।




