स्व.विजयप्रकाश विन के दुसरका स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार भट्टराई के मिलल

वीरगंज १५ माघ
स्व. विन्दुदेवी स्मृति प्रतिष्ठानद्वारा स्थापित स्व.विजयप्रकाश विन के दुसरका स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार अग्रज पत्रकार पुरूषोत्तम सिंह भट्टराई के देहल गईल बा ।
पुरस्कार वितरण समारोह मे प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी रु. ११ हजार १ सय ११ रोपेया नगद सहित दोसल्ला आ सम्मानपत्र सहित सम्मान कईनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत मेयर सरावगी इतिहास के जीवित राखे खातिर अग्रजलोग के योगदान के सम्मान कईल जरुरी रहल बतवनी । समाज मे विशिष्ट योगदान कईल आदमीसब के सम्मान आ सामाजिक काम मे वीरगंज महानगरपालिका साथ आ सहजोग करेके प्रतवद्धता व्यक्त करति खुद पद मे रहेम भा ना रहेम माकिर वीरगंज के व्यावसायिक पत्रकारिता के विकास के खातिर हरदम साथ आ सहजोग करेके बतवनी ।
अभी भी खुद से कईल काम मे सञ्चार माध्यमसब कउनो नकारात्मक टिकाटिप्पणीसब ना कईल आ कईला पर भी ओकर से हमरा सकारात्मक काम करे खातिर प्रेरित कईल बतवनी । कार्जक्रम मे वक्तालोग स्व.विन्दुदेवी पाण्डे आ स्व.विजयप्रकाश विन से पर्सा के पत्रकारिता क्षेत्र मे पुगावल योगदान के चर्चा आ स्मरण कईले रहलन ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष तुलसी भण्डारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव दिपेन्द्र चौहान, केन्द्रीय सदस्य केसी लामिछाने, पूर्व केन्द्रीय सदस्य महेश दास, प्रेस सेण्टर नेपाल के केन्द्रीय सदस्य नीरज पिठाकोटे मगर, समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेल, भोजपुरी प्रतिष्ठान के अध्यक्ष उमाशंकर द्विवेदी, प्रतिष्ठान के सल्लाहकार सुदर्शनराज पाण्डे लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन । कार्जक्रम के संचालन प्रतिष्ठान के महासचिव माधुरी महतो आ स्वागत प्रतिष्ठान के सल्लाहाकार सरोज खड्का कईले रहलन ।






