वीरगंज मे आउर दु कोरोना संक्रमित के मृत्यु

वीरगंज १५ माघ
वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से आउर दु जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका– ३ प्रगतिनगर रहेवाला ७३ बरीस के आ बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–५ के ६५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
दुनु जने कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप के दु मात्रा हि लगवले रहलन । अनेकन दीर्घ रोग भईल उलोग के मृत्यु कोभिड निमोनिया के चलते भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।
‘पहिले से मुटु, उच्च रक्तचाप, मधुमेह के मरेजी रहलन, ओकरा उपर कोरोना संक्रमण देखल गईल’ कहत उ, ‘कोभिड निमोनिया से दुनु के गलईलख, सकल प्रयास कईला पर भी बँचावे ना सकनी ।’
७३ बरीस के बुढ के माघ १४ गते शुक के दिने कईल एन्टिजेन परीक्षण पोजेटिभ देखल गईल रहे । भेन्टिलेटर सपोर्ट के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज से नारायणी अस्पताल मे भर्ना के खातिर रिफर कईल रहे । पहिले से हि इस्केमिक हर्ट डिजिज के समस्या रहल उनकर स्वासप्रश्वास प्रणाली से काम ना कईला के बाद सबेरे साढे ४ बजे मृत्यु भईल डा. सिंह जानकारी देहनी ।
नारायणी अस्पताल के आईसीयू मे ईलाज के समय मे कलैया निवासी ६५ बरीस के पुरुष के बसेरे साढे ७ बजे मृत्यु भईल बा । माघ १४ गते शुक से दिने कोरोना संक्रमण पुष्टी होके अस्पताल भर्ना भईल उ उच्च रक्तचाप के मरेजी रहलन । देह के दायाँ ओरी प्यारालाइसिस भइल रहे । ईलाज के समय मे उनका मे गम्भीर किसिम के कोभिड निमोनिया देखल गईल रहे ।
कोरोना भाइरस के तिसरका लहर शुरु भईल से वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे ईलाज करा रहल ६ जने के मृत्यु भइल बा । जउना मेसे चार जने बारा आ दु जने पर्सा के बाडन ।
नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. सिंह दीर्घरोग भईल के ईलाज के खातिर भी बँचावल मुस्किल हो रहला से संक्रमण से बँचे खातिर सभी से निहोरा कईनी ।





