रौतहट के कोरोना संक्रमित पुरूष के वीरगंज मे मृत्यु

वीरगंज १७ माघ
रौतहट के एक जने कोरोना संक्रमित पुरूष के वीरगंज मे मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे रौतहट राजपुर नगरपालिका–१ निवासी ७७ बरीसके बुढ के मृत्यु भईल बा ।
श्वासप्रश्वास मे समस्या अईला के बाद माघ ११ गते उनका के नारायणी अस्पतल मे लियावल गईल रहे । कोभिड सँगे मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईला के बाद माघ १४ गते एन्टीजेन परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
कोभिड आईसीयू मे ईलाज के समय मे सोमार के दुपहरिया १२ बज के ५ मिनेट मे बुढ के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. उदयनारायण सिँह जानकारी देहनी । उनका मुताविक मृतक मे कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप ना लेहल बुढ मे गम्भीर प्रकृति के कोभिड निमोनिया देखल गईल रहे ।
‘निमोनिया फोक्सो के प्रभावित कईले रहे । कोभिड आशंका मे एन्टीजेन करावल गईल रहे, पोजेटिभ हि देखल गईल ।’ कहत उ ‘सिप्याप के सपोर्ट मे अक्सिजन देहला पर भी स्वास प्रश्वास प्राणाली मे सुधार ना आईल, बँचावे ना सकल गईल ।’
कोरोना संक्रमण के चलते माघ महिना मे मात्र नारायणी अस्पताल मे ६ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । जउना मेसे ३ जने बारा, २ जने पर्सा आ १ जने रौतहट के बानड । खोप ना लगावल आ दिर्घरोग भईल आदमी के बँचावल मुस्किल हो रहल ईलाज मे संलग्न चिकित्सकलोग बतवलन ।
अभी अस्पताल मे १० जने संक्रममित के ईलाज हो रहल बा । जउना मेसे २ जने भेन्टिलेटर आ २ जने के हाईफ्लो अक्सिजन सपोर्ट मे राखल गईल बा ।





