कर्मचारी के दुव्र्यवहार करेवाला उपर कर्मचारी संगठन कईलख कारवाही के माग

वीरगंज १७ माघ

कर्मचारी उपर दुव्र्यवहार करेवाला उपर कारवाही के माग करत नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा आजु पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल के ज्ञापन पत्र बुझवले बा । धोविनी गाँवपालिका के योजना शाखा प्रमुख पप्पु पटेल उपर दुव्र्यवहार करेवाला के कारवाही के माग करत संगठन ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के वार्ड सदस्य शान्ति देवी के मरद धर्मन राउत कुर्मीसहित ठेकेदार आ स्थानीय के एक समुह माघ १३ गते बियफे के दिन योजना शाखा प्रमुख पटेल उपर दुव्र्यवहार कईले रहलन ।

संगठन पर्सा के अध्यक्ष अमित कुमार गिरी के नेतृत्व मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पुगल कर्मचारीलोग के एक समुह दुव्र्यवहार करेवाला कुर्मी उपर कारवाही करेके माग करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी ढकाल के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

गाँवपालिका से कृषक के वितरण करेवाला मोटर खुद से कहल ठेक्दार मार्फत खरिद ना कईल आक्रोश मे धर्मनसहित के समुह योजना शाखा प्रमुख पप्पु के उनकरे कार्यकक्ष मे गाली गलौजसहित लछार पछार करत पिटपाट के प्रयास भी कईले रहलन ।

धर्मन एक जने ठेकेदार संगे कमिशन लेके उनका के हि मोटर खरिद के खातिर जिम्मा देवेके डिल कईले रहलन । माकिर उ ठेक्दार के सप्लार्यस मार्फत गाँवपालिका से मोटर खरिद ना कईला के बाद धर्मन सहित के समुह बियफे के दिने गाँवपालिका के योजना शाखा प्रमुख पप्पु के कर्यकक्ष मे उनका के २ घण्टा तक बन्द करके कोठरी बाहर भी निकले ना देके बेइज्जत कईले रहलन ।

संगठन से बुझावल ज्ञापन पत्र मे राष्ट्र सेवक कर्मचारीलोग के मनोबल कमजोर होखेके तथा सेवा प्रवाह मे भी प्रभावकारीता कायम ना रहेके बात ज्ञापनमार्फत सचेत करावत कर्मचारी संगठन अईसे प्रतिशोध तथा पूर्वाग्रह से प्रेरित होके कर्मचारीलोग के मान सम्मान तथा इज्जत प्रतिष्ठा से खेलवाड करेवाला धर्मन के कानुन बमोजिम यथासिघ्र कारवाही करके पिडित कर्मचारी के न्याय दिलावे खातिर प्रशासन से माग कईले बा ।

दोषी के २४ घण्टा भितर पकडके कारवाही पक्रिया अगाडी ना बढईला पर पर्सा जिल्ला के सभी स्थानिय तह लगायत आउर कार्यालयसब बन्द करके आन्दोलन के आउर कार्जक्रमसब अगाडी बढावेके चेतावनी देत संगठन ओकर सभी जिम्मेवार जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के होखेके जनावल गईल बा ।

ज्ञापन पत्र बुझावे के समय निजामती कर्मचारी आधिकारिक ट्रेड युनियन पर्सा के अध्यक्ष सुबेदार यादव, नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के उपाध्यक्ष सन्दिप कुमार पटेल, सचिव सुरेन्द्र यादव, कोषाध्यक्ष राजेश राम, धोविनी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह लगायत के कर्मचारीलोग सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।