अवैध गाछि काटल आरोप मे दु जने पकडईलें

वीरगंज २० माघ

बारा पुलीस अवैध रुप मे गाछि कटान करके लकडी लियावल आरोप मे दु जने के पकडले बा । निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर–४ पुराना निजगढ रहेवाला ३० बरीस के राजकुमार चौधरी आ एक जने १२ बरीस के लइकी के पकडले बा ।

७ फिट लम्बाई, ४ ईन्च चौडाई, ३ इन्च मोटाई भईल १६ थान चिरान साल के लकडी सहित उलोग के बियफे के सबेरे पकडल गईल ईलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ जानकारी देहले बा ।

जंगल से अवैध रुप मे गाछि कटानी करके ट्याक्टर मे निजगढ–८ खयरघारी लिया रहल समय उलोग के पकडल गईल दाबी पुलीस कईले बा ।

पुलीस के मुताविक ट्याक्टर चालक फरार भईल बाडन । अन टेस्ट लिखल ट्रयाक्टर मे ना ५ त १०७ नम्बर के टेलर जोड के लकडी लिया रहल समय पुलीस उलोग के पकडले रहे ।

बरामद कईल लकडी, ट्याक्टर सहित दुनु जने के जरुरी कारबाही के खातिर डिभिजन वन कार्यालय मे बुझावेके तईयारी हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक राजेश थापा जनानकारी देहनी ।

४१ गो सामुदायिक वन, ४ गो साझेदारी वन, पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज, राष्ट्रिय वन आ निजी वनसहित बारा मे ४७ हजार १ सय ८२ हेक्टर वन क्षेत्र बा ।

वन क्षेत्र भितर घना वस्ती रहल आ रास्ता के विस्तार से वन क्षेत्र से अवैध गाछि कटानी करके लकडी तस्करी होखेला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।