जनमत पार्टी फेनु सुरु कईलख राजमार्ग केन्द्रित आन्दोलन

जनकपुरधाम २० माघ
किसान के मुद्दा सम्बोधन करावेके माग करत आन्दोलन करत आईल जनमत पार्टी बियफे से फेनु राजमार्ग केन्द्रित आन्दोलन शुरू कईले बा ।
मधेश प्रदेश के सभी जिल्ला मे राजमार्ग अवरुद्ध करके जनमत के नेता–कार्यकर्ता सबेरे से प्रदर्शन कर रहल बाडन । जनमत के प्रदर्शन के चलते पूर्वपश्चिम राजमार्ग मे सबारी चले नईखे सकत ।
ई पार्टीे बियफे के दिने राजमार्ग केन्द्रित आन्दोलन करेसे पहिले बुध के सँझिया मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले रहे । पार्टी पहिले हि राजमार्ग मे आन्दोलन करेके बतईला के बाद बियफे के दिने राजमार्ग मे बहुते कम सवारी सञ्चालन भईल बा ।
मधेश प्रदेश के प्रहरी प्रवक्ता एसपी तुलबहादुर कार्की के मुताविक जनमत पार्टी के कार्यकर्ता राजमार्ग अवरुद्ध कईला के बाद पुगेके पुलीस अवरोध हटा रहल बतवनी । उ अवरोध हटावेके समय मे सिरहा से १० आ धनुषा से १० जने करके २० जने कार्यकर्ता के नियन्त्रण मे लहेल गईल बतवनी ।
किसान के मलखाद उपलब्ध करावेके, किसान कार्ड वितरण करेके, बाली के बीमा करेके, किसान के निःशुल्क विद्युत उपलब्ध करावेके, बाली नष्ट भईला पर राहत देवेके, कृषि उपज के मूल्य निर्धारण करेके माग सहित पिछिलका एक महिना से आन्दोलन करत आईल बा ।






