पानी शुद्ध ना होखे तक आदमी निरोग ना हो सकता : मेयर यादव

प्रभु यादव

बारा २१ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव खाने पानी के काम भईल नमुना के रूपमे रहल जनकारी करावले बानी ।

पर्साकट्टी खानेपानी तथा सरसफाई योजना के समुदघाटन करत मेयर यादव नमुना के रूपमे रहल जनकारी करावले बानी । मानव जीवन मे पानी के विशेष महत्व रहल बा पानी शुद्ध ना होई तब तक निरोग ना रहल जा सकल जाता मेयर यादव जनकारी करावत खाने पानी नमुना के रूपमे भईल बतावले बानी ।

पानी टंकी बनल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ के पर्सा आ कट्टी के जनता सब से टंकी के पानी पियला से स्वच्छ रहल जाई सभे कोई पानी पियल जाई मेयर यादव निहोरा कईले रहनी । जनता के खातिर हरबखत सहयोग कईले बानी आउरी करत रहे के विश्वास दिलावले रहनी ।

कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि जन जागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह मधेश प्रदेश मे पियेवाला स्वच्छ पानी के खातिर बनल टंकी मध्ये तिसरका रहल जनकारी करावले बानी । मधेश प्रदेश के पहिलका आ बारा जिल्ला के पहिलका बसतपुर मे दुसरा कट्टीपर्सा रहल उपाध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । कोरोना विमारी के कहर आईल ओकर कारण अधिक चुनौती सब पारकरत समुदाय के सहयोग रहल जवना के प्रतिफल पानी टंकी बना के शुद्ध पानी पियेला काम पूरा कईल गईल उपाध्यक्ष साह बतावले रहनी ।

जन जागरण युवा क्लव के निर्देशक श्रीनिवास बैठा परियोजना के सम्बन्ध मे जनकारी करावत नेपाल के संविधान मे धारा ३५ के दफा ४ मे प्रत्येक नागरिक के स्वच्छ खानेपानी तथा सरसफाई मे पहुच हक होखे के पूरा करे के खातिर पानी टंकी बनावल गईल जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के १२ लाख १९ हजार ४० रोपेया नगद, समुदाय से आठ लाख १२ हजार छव सय ९३ रोपेया युनिसेफ नेपाल के योगदान ६१ लाख १२ हजार सात सय २२ रोपेया १७ पईसा कर के कुल ८१ लाख ४४ हजार चार सय ५५ रोपेया १७ पईसा के आर्थिक सहयोग मे पानी टंकी बना के एक सय ८५ घर मे धारा जडान कईल गईल निर्देशक बैठा जनकारी करावले रहनी ।

४० हजार लिटर पानी अटेवाला टंकी करिब डेर बरीस मे तयार कर के समुदाय मे जन जागरण युवा क्लव हस्तान्तरण कईले बा बैठा जनकारी करावले।बानी । युनिसेफ के बारा, पर्सा सरसफाई कार्जक्रम के फोकल पर्सन हिरालाल चौधरी संस्था से सहयोग कईल गईल आ आवेवाला दिन मे सहयोग करे के जनकारी करावले रहनी । युनिसेफ से सरसफाई कीट धारा पुगल एक सय ५० जने लोग के देहल गईल ।

पर्साकट्टी खानेपानी तथा सरसफाई उपभोक्ता के अध्यक्ष जितेन्द्र मण्डल के सभापतित्व मे भईल उदघाटन तथा हस्तान्तरण कार्जक्रम मे स्वागत कमलेश मण्डल के आ सञ्चालन मनोज यादव कईले रहनी । कार्जक्रम मे जन जागरण युवा क्लव के सियाराम यादव, लेखापाल दिपेन्द्र गुप्ता, पानी टंकी निर्माण करावेला विशेष सहजकर्ता सुरेश यादव, उपभोक्ता समिति के सचिव संतोष महतो, कोषाध्यक्ष गोदावरी देवी, सदस्य घरझारनी देवी, शंकर।महतो आ संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।