सशस्त्र पुलीस १ सय १२ किलो लागू औषध गाजा पकडलख

बारा २५ माघ,

सशस्त्र पुलीस नेपाल से भारत ओरी जा रहल अवस्था मे लागू औषध बरामद कईले बा । बिशेष सूचना के अधार मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी से खटल टोली भारी मात्रा मे लागू औषध गाजा बरामद कईल जनावल गईल बा ।

बिशेष सूचना के आधार मे डिआइजी गणेश ठाडा मगर के निर्देशन मे खटल स्कवाड टोलि लागू औषध बरामद कईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । मंगर के रात करिब १०ः३० बजे के समय मे खटल सशस्त्र पुलीस के टोली लागू औषध गाजा बरामद कईले बा ।

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नम्बर ७ सनफुलवा खेत के नहर सडक से लागू औषध गाजा १ सय १२ किलोग्राम बरामद कईल डिआइजी मगर बतवनी । बिशेष सूचना के अधार मे खटल स्कवाड टोलि के देखते मातर तस्करलोग फरार भईला पर भी लागू औषध गाजा बरामद करेमे सफल भईल उ बतवनी । बरामद कईल लागू औषध गाजा जरुरी कारवाही के खातिर नेपाल पुलीस के बुझावे के तइयारी कईल डिआइजी गणेश ठाडा मगर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।