वीरगंज के विद्यालय मे भौतिक उपस्थिति मे पढाइ सुरु

वीरगंज २६ माघ

वीरगंज महानगरपालिका मे आजु से औपचारिक रुप मे विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे विद्यालय सञ्चालन मे आईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका शैक्षिक प्रशासन महाशाखा बुध से विद्यालय सञ्चालन मे आईल जानकारी देहले बा ।

वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के दर घटत गईला से विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय मे पुगल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी । एकरा से पहिले कोरोना संक्रमण के उच्च जोखिम के मध्यनजर करत पुस २८ गते से हि १२ बरीस निचेके सभी विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे पठनपाठन ना करे खातिर महानगरपालिका सूचना जारी कईले रहे । बाँकी विद्यार्थीलोग के हक मे माघ ७ गते भितर परीक्षा लेवेके निर्देशन कईल रहे ।

परीक्षा लेहल विद्यालय माघ २८ गते से हि बन्द भईल रहे । सरकार भी माघ १५ गते तक विद्यालय बन्द करे खातिर आह्वान कईले रहे । ओकरा बाद वीरगंज के निजी विद्यालयसब पठनपाठन सुरु कईला पर भी सामुदायिक विद्यालय मे पठनपाठन होखे ना सकल रहे । मंगर के दिने नगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी के अध्यक्षता तथा सामुदायिक माध्यमिक विद्यालय आ आधारभूत विद्यालय के प्रधानाध्यापकसब एवं प्याब्सन, एनप्याब्सन के प्रतिनिधिलोग के उपस्थिति मे बईठल बईठक से विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय कईले रहे ।

बुध से वीरगंज के विद्यालयसब भौतिक उपस्थिति मे नियमित पठनपाठन के क्रियाकलाप के सञ्चालन करे करावे के निर्णय भईल शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख अरविन्द लाल कर्ण जानकारी देहनी ।

विद्यालय सञ्चालन कईला पर स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्डसब –मास्क पहिनेके, सेनिटाइजर प्रयोग करेके, साबुन पानी से हाथ धोवेके, भौतिक दुरी कायम करेके, तापक्रम लेवेके आदि काम अनिवार्य रुप मे पालना करेके उनकर कहनाम बा । ‘विद्यार्थी के दुनु मात्रा खोप लगावल विद्यालय के भौतिक उपस्थिति मे किलास सञ्चालन करेके कहल गईल बा’ कहत उ, ‘खोप लगावेके क्रम जारी रहला से बाँकी विद्यालय फागुन १ गते से सञ्चालन मे आई ।

महानगरपालिका मे विद्यार्थी के खातिर कोभिड–१९ विरुद्ध के मोर्डना खोप आवेमे देरी भईला पर भी कुछ दिन विद्यालय प्रभावित बनल । खोप अइला के बाद महानगरपालिका अन्तर्गत के विद्यालय मे माघ २० गते से हि विद्यार्थी के खोप लगावेके अभियान चल रहल बा ।

वार्ड नं १ से १६ तक माघ २०, २१ आ २२ गते एक चरण १२ से १७ बरीस उमिर समूह के विद्यार्थी खोप लगईले बाडन आ वार्ड नं १७ से ३२ तक माघ २४ गते से खोप लगावेके कार्जक्रम सञ्चालन मे बा ।

माघ २२ गते तक वीरगंज मे ११ हजार ७१७ जने विद्यार्थी दु मात्रा खोप लगवले बाडन आ ३ हजार ४७९ जने पहिलका मात्रा खोप लेहल स्वास्थ्य प्रवद्र्धन शाखा प्रमुख रितेश जयसवाल जानकारी देहनी । महानगर मे विद्यार्थी के खातिर ४० हजार मोर्डना खोप आईल रहे । मंगर के दिने बईठल बईठक से फागुन १४ गते से तिसरका मेयर कप शुरु करेके आ पालिका स्तर मे होखेवाला किलास ८ के परीक्षा चईत २४ गते से सञ्चालन करेके निर्णय भी कईल शैक्षिक प्रशासन महाशाखा जनवले बा ।

एकरा से पहिले माघ ८ गते से सुरु करे लागल मेयर कप कोरोना संक्रमण के जोखिम के ध्यान मे राख के स्थगित कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।