रौतहट के लक्ष्मीनीया मे सरस्वती पुजा मे भईल आक्रमण के बिरोध मे प्रदर्शन

वीरगंज २६ माघ

रौतहट जिल्ला इशनाथ नगरपालिका बार्ड नं. ५ लक्ष्मीनिया मे हिन्दू समाज उपर भईल आक्रमण के विरोध मे हिन्दु परिषद नेपाल वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा ।

सरस्वती माता के मूर्ति विसर्जन करे जा रहल समय मुस्लिम समुदायद्वारा हिन्दूलोग उपर सांघातिक आक्रमण आ सरस्वती माता के मूर्ति उपर तोडफोड के प्रयास कईले रहलन । उलोग से प्रहार कईल ईटापथल से दर्जनो हिन्दूलोग घायल भईल बाडन ।

हिन्दू परिषद नेपाल दोषी उपर कारवाही कर, इस्लामिक जिहाद मुर्दाबाद, दलाल नेतालोग मुर्दाबाद, हिन्दू हिन्दू भाई भाई, ओमकार परिवार एक होखीं, हिन्दू धर्म संस्कृति ओरवावे ना मिली, मुस्लिम आतंकवाद मुर्दाबाद, नालायक सरकार मुर्दाबाद, जिहादी मानसिकता मुर्दाबाद लगायत के नारासहित प्रदर्शन कईले रहे ।

वीरगंज मे बुध के दिने भईल विरोध कार्जक्रम मे हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल, कोषाध्यक्ष संजय सरार्फ, केन्द्रीय सदस्यलोग सुरेश साह कानू, भरत सरार्फ, उमेश साह कानू, किरण अग्रवाल, बिनोद प्रसाद कुर्मी, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल, उपाध्यक्ष बिरेन्द्र गुप्ता, सल्लहकार जोगिन्द्र कलवार सहित परिषद के अनेकन तह के सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।