वार्ड अध्यक्ष उपमहानगरपालिका कार्यालय मे कईलें तोडफोड

प्रभु यादव

बारा २७ माघ

बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के कार्यालय मे वार्ड अध्यक्ष तोडफोड कईले बानी । जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १७ के वार्ड अध्यक्ष नवराज बहादुर खड्का वियफे दिने उपमहानगरपालिका के कार्यालय मे तोडफोड कईले बानी ।

वार्ड के खातिर छुटयावल योजना सब सम्झौता करेके ना मानल आ सम्झौता के खातिर बेरबेर बोला के आपने कर्मचारी सभे पालिका मे ना रहल कारण आक्रोसित होकर के कार्यालय मे तोडफोड कईल स्वयम वार्ड अध्यक्ष खड्का स्वीकार कईले बानी । उपमहानगरपालिका योजना कार्यान्वय करे मे जिम्मेवार ना भईला से आक्रोशित होकर के तोडफोड करे के अवस्था आईल खड्का बतावले बानी ।

चालु आर्थिक बरीस मे वार्ड नम्बर १७ के खातिर स्वीकृत २ करोड ७० लाख के बजेट सिलिङ्ग भईल जवना मेसे १ करोड १० लाख मात्र के सम्झौता कर के बजेट समाप्त होगईल उपभोक्ता सभे के फसावेके काम कईला से तोडफोड करे के अवस्था आईल वार्ड अध्यक्ष के सिकायत रहल बा ।

उपमहानरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत चेतकुमार पोखरेल के कारण आपने तोडफोड मे उतरे के परल वार्ड अध्यक्ष खड्का बतावले बानी ।

वार्ड के स्वीकृत बजेट सिलिङ्ग भितर रहे के सम्झौता करेला पेठावला पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पोखरेल उपभोक्ता के सदस्य सब के झारफुक कर के पेठावे लागला पर उपमहानगरपालिका मे बाध्य होकर के आपना जाएके परल वार्ड अध्यक्ष खड्का बतावले बानी ।

उपमहानगरपालिका मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पोखरेल सहित योजना शाखा के एक जने भि कार्मचारी ना भईला पर शाखा के तीन गो कम्प्युटर के मोनिटर फेकले बानी वार्डअध्यक्ष खड्का बतावले बानी ।

प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पोखरेल वियफे के काठमाण्डु गईल बानी । उपमहानगरपालिका के कार्यकारी अधिकृत पोखरेल बेर बेर विदा लेके बईठल करेनी उपमहानगरपालिका के २४ वार्ड के योजना सभे कार्यान्वय मे समस्या आईल दुसर वार्ड अध्यक्ष बतावले बानी ।

उपमहानरपालिका के अधिकांश वार्ड मे समस्या रहल बा । तोडफोड भईला वाद कांग्रेस, माओवादी, मधेशवाबाद आ कुछ एमाले सम्बद्ध वार्ड अध्यक्ष सभे सर्मथन जनावत उपमहानगरपालिका मे बेतिथि रहल जवना के जिम्मेवारी नेतृत्व के लेवेके परल सभे बतावले बानी ।

घटना के वाद भईल छलफल मे सोमवार के पुनः छलफल मे बईठेके आ जल्दी से कार्यपालिका वैईठक बोलावे के सहमति भईल वार्डअध्यक्ष खड्का जनाकारी करावले बानी । तोडफोड के क्षति भईल सम्बन्ध मे प्रहरी मुचुल्का उठावले उपमहानगरपालिका जनाकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।