राजनीतिक दवाव मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के हप्तेपिछे सरूवा

प्रभु यादव

बारा २७ माघ

राजनितिक दवाव मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के हप्ते पिछे होरहल सरूवा के चलते कर्मचारी सभे अन्यौल मे परल बाडन । बारा के बारागढी गाँवपालिका मे संघिय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय काठमाण्डु से पुस २३ गते च.नं. ६२२ पत्र प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे वकिल प्रसाद पाल हाजिर होखे पुगल रहलन ।

गाँवपालिका अध्यक्ष देवदत बछाड थारू हाजिर ना करे देहला वाद उपाध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय पुस २९ गते दर्ता नम्वर ५५६ मे हाजिर करावले रहली । बारागढी गाँवपालिका मे पक्ष विपक्ष मे नारा जुलुस निकलल रहल रहे । गृह मन्त्रालय मे सरूवा भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के फेनु बारागढी मे पदस्थापन करेला राजनिति दवाव बनला के वाद देवताल गाँवपालिका मे माघ २० गते च.नं.७६८ के पत्र से पाल के सरूवा भइल रहलन ।

पाल के सरूवा के एक हप्ता पुगते फिर से राजनिति दवाव से प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सिकेन्द्र साह के थमौती कर के पाल के महोतरी जिल्ला समन्वय समिति के कार्यालय मे सरूवा भईल जनकारी भईल बा । प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल से जनकारी लेहला पर देवताल गाँवपालिका मे हाजिर होखे खातिर बारागढी से रवाना तयार करहल समय मे फिर से दुसर जगह सरूवा होरहल जनकारी मिलला वाद रूक गईल बानी जनकारी करावले बानी ।

दु वरीस तक कर्मचारी के काम काज कईला पर सरूवा होखे के प्रवधान रहल बा हप्ते पिछे सरूवा भईला से आपने अन्यवल मे पर पाल जनकारी करावले बानी । देवताल के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सिकेन्द्र साह से जनकारी लेहला पर नेपाल सरकार से सरूवा भईला पर ओजगह जाए के परी सरूवा भईल जगह जाएला तईयारी कर रहल अवस्था मे आपन रहल जगह मे ही पदस्थापन भईल फोन आईल जनकारी करावले बानी । कभि सरूवा कभि पदस्थापन होरहला से कर्मचारी के मनोवल गिर रहल बा आ जनता के कामकाज करे मे परसानि होखे के साह जनकारी करावले बानी ।

आपन दु वरीस आईल ना पुगल सरूवा भईला से आश्चर्ज लागल साह बतावले बानी । बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास से कर्मचारी हप्ते पिछे भईल सरूवा के सम्बन्ध मे जनकारी कईला पर सोझासाझा जनता के काम काज मे पार के राजनिती दवाव मे कईल जारहल सरूवा नियम आ नियती के खेलवाड रहल बतावले बानी ।

कानुन सम्वत काम काज करेला कर्मचारी के सरूवा के खातिर बननवल समय मे सरूवा कईला पर कामकाज मे कवनो कठिनाई ना होखेला दास जनकारी करावले बानी । गाँवपालिका सरकार प्रमुख आ पार्टी के सिरश नेता लोग के चलखेल से कर्मचारी सही से कामकाज करे ना सकरहल आम जनता के सिकायत रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।