विजयबस्ती मे नेपाली कांग्रेस के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

वीरगंज ०१ फागुन

पर्सा क्षेत्र नं. ४ अन्तर्गत परेवाला ठोरी गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ विजयबस्ती मे एतवार के दिने नेपाली काङ्ग्रेस के पार्टी प्रबेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

वार्ड समिति के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के जिल्ला समिती सदस्य गणेश बहादुर श्रेष्ठ के नेतृत्व मे कृष्ण बहादुर श्रेष्ठ, राजु श्रेष्ठ, खिल बहादुर श्रेष्ठ, कर्ण बहादुर श्रेष्ठ, प्रेम बहादुर श्रेष्ठ, सोमबहादुर श्रेष्ठ, रविन श्रेष्ठ लगायत के ७० जने नेपाली काङ्ग्रेस मे प्रवेश कईल नेपाली काङ्ग्रेस पर्सा क्षेत्र नं. ४ के सभापति श्रीकान्त यादव जानकारी देहनी ।

एहितरे कार्जक्रम मे नेकपा माओवादी केन्द्र परित्याग करके भी ११ जने नेपाली काङ्ग्रेस मे प्रवेश कईल सभापती यादव बतवनी ।

वार्ड सभापति मिलन श्रेष्ठ के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काङ्ग्रेस केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल नव प्रबेशीलोग के फुल के माला, खादा आ अविर के टीका लगाके पार्टी मे स्वागत कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, नेपाली कांग्रेस के मधेश प्रदेश के महामन्त्री बृहस्पतिकृष्ण श्रेष्ठ, नेता रमेश पाण्डे, सहरुम राउत गद्दी, नवीन सिंह, बलिस्टर अहमद, किशोर तामाङ लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन आ कार्जक्रम के संचालन जिवन सापकोटा कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।