वार्ड कार्यालय आ स्वास्थ्य चौकी के संयुक्त उदघाटन

प्रभु यादव
बारा २ फागुन
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २२ मे वार्ड कार्यालय आ स्वास्थ्य चौकी के नव निर्मित भवन के संयुक्त उदघाटन भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव नव निर्मित भवन के उदघाटन कईले बानी । वार्ड अध्यक्ष लालबाबु यादनव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि नगर उप प्रमुख रहिमा खातुन, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह, योजना अधिकृत मुस्ताक अन्सारी, सहायक लेखा अधिकृत सुनील कुमार यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
वार्ड नं २२ के वार्ड कार्यालय के भवन आ स्वस्थ्य चौकी के निर्माण ५० लाख के लागत मे निर्माण भईल कार्जक्रम के सभापति यादव जनकारी करावले बानी । नव निर्मित भवन के उदघाटन मे गाव के वुद्धिजिवी, भरभलादमी, आम जनता के सहभागी रहल रहे ।






