नेकपा एस के पर्सा मे संगठन विस्तार अभियान जारी

वीरगंज ०७ फागुन
नेकपा एकीकृत समाजबादी पर्सा आपन संगठन बिस्तार अभियान के तेजी देहले बा ।
स्थानीय तह के निर्वाचन के मध्यनजर करत उ पार्टी संगठन बिस्तार एवं निर्वाचन केन्द्रीत अभियान के तेजी देहले बा ।
उहे अभियान मुताविक पार्टी के पटेरवा सुगौली गाँव कमिटी भेला एवं कमिटी गठन कार्जक्रम पुरा भईल छ । पुरा भईल भेला से मधु चौधरी के अध्यक्षता मे १५ सदस्यीय गाँव कमिटी गठन कईले बा । जउना के उपाध्यक्ष मे अन्नपूर्णा चौधरी, सचिव मे प्रमोद कुमार भणडारी, सह–सचिव मे बिश्वजित राउत, सदस्यलोग मे देबेन्द्र प्रसाद दास, सम्भु साह, अबदुल मिया, सन्जय महतो, सत्यनारायण साह, आशा माझी, सुबा माझी, बादल बन्ठा, पुष्पा देबि, बिरेन्द्र राम र इश्वर राम रहल बानी ।
बिश्वनाथ दास के अध्यक्षता मे भईल भेला मे नेकपा एकीकृत समाजबादी के पोलिट व्युरो सदस्य एवं पर्सा इन्चार्ज रामचन्द्र साह, केन्द्रिय बुद्धिजिबि परिषद के सदस्य प्रेम पञ्जियार, लेखा समिति सदस्य किशोरी कुश्वाहा, जिकस उमेश ठाकुर, अमरदेव पासवान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।
एहितरे वीरगंज माहानगरपालिका वार्ड नं. ३२ के वार्ड भेला पुरा भईल बा । पार्टी के वार्ड कमिटी अध्यक्ष जगदीश राउत के अध्यक्षता मे भईल भेला मे पार्टी के बीरगंज माहानगर कमिटी अध्यक्ष मनोज चौधरी, उपाध्यक्ष मन्जुर आलम, सचिव बृजलाल पासवान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।
एहितरे बीरगंज माहानगर पालिका वार्ड नं. ११ मे राजेश्वर साह कानु के अध्यक्षता मे १८ सदस्यीय वार्ड कमिटी गठन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे नबिरसुल अन्सारी, सचिव मे सुशील साह आ सदस्यलोग मे राजदेव राम, बिरान साह लगायत रहल रहलन । एहितरे आजु पकहामैनपुर गाँवपालिका कमिटी के बईठक अध्यक्ष मदन हजरा के अध्यक्षता मे पुरा भईल बा ।






