एमसीसी संसद के बहुमत से जउन निर्णय दि उहे स्वीकार होई : स्वास्थ्यमन्त्री खतिवडा

वीरगंज ०९ फागुन

स्वास्थ्य तथा जनसंख्यामन्त्री विरोध खतिवडा अमेरिकी सहजोग परियोजना एमसीसी मे संसद के बहुमत से जउन निर्णय दि उहे स्वीकार होखेके बतवनी ।

सोमार के दिने वीरगंज के नारायणी अस्पताल परिसर मे विशिष्ट हृदयरोग उपचार भवन (क्याथ ल्याब), आकस्मिक भवन आ कोभिड–१९ उपचार भवन के शिलान्यास करत मन्त्री खतिवडा अमेरिकी सहजोग परियोजना एमसीसी संसद मे बहुते समय ना रुकेके बतवले बाडन । संसद बईठक मे पेश भइला के बाद छलफल होखेके आ जलदी पास÷फेल के टुंगो लागेके उ बतवनी ।

‘संसद मे बहस, छलफल के खातिर गईल बा । बहुमत से जउन निर्णय दि, उहे पारित करी । मत राखेके, या त सर्वसम्मत करेके, सर्वसम्मत होखे ना सकला पर चक्का जाम होके ना रही । ‘चाहे कउनो दल होखो भा संघ संस्था अन्तिम निर्णय करेके तरिका बहुमत के निर्णय मानेके ह’ उ कहनी ।

सरकार एमसीसी सम्झौता अनुमोदन के खातिर एतवार के दिने संसद बईठक मे पेश कईले रहे । माकिर, एमसीसी संसद मे पेश भईला पर प्रमुख विपक्षी दल रोष्ट्रम मे नाराबाजी करत रहे आ सत्तारुढ गठबन्धन मे रहल नेकपा माओवादी केन्द्र, नेकपा एकीकृत समाजवादी के कैयन सांसद विरोध जनवले रहलन ।

मन्त्री खतिवडा एमसीसी सम्झौता के विषय मे राजनीतिक दल आ सर्वसाधारण मे फरक फरक मत राखल स्वाभाविक भईल बतवनी ।

‘सन्धि सम्झौता के विषय मे, सरकार आ पार्टीसब से कईल निर्णय के विषय मे समाज विभाजित भईल, अनेकन मत आईल, पार्टीपिच्छे मत अलग भईल, आ नागरिक पिच्छे के राय चकित करेवाला बात ना ह’ कहत उ, ‘हमनी आपन आपन मत जाहेर करेके चाहिं । माकिर, हमर मत ना मानला पर आगी लगा देम, करिखा पोत देम, आपन मत ना मानल कहके दोसर के ठोकेके अधिकार केहु के नईखे ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।