पर्सा के सखुवा प्रसौनी गा.पा. मे ५९८ जने गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार बाँटल गईल

वीरगंज ११ फागुन
पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका ५९८ जने गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार बँटले बा ।
‘स्वास्थ्य मातारी, स्वास्थ्य लईकालइकी, हमनी के प्रतिबद्धता’ कहके नारा सहित गाँवपालिका के वार्ड नं. १ से ६ तक के ५ सय ९८ जने गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार बाँटल गईल पालिका जनवले बा ।
पोषिलो आहार वितरण कार्जक्रम के आजु अन्तिम दिन प्रमुख अतिथि मधेस प्रदेश के प्रदेश सभा सदस्य मन्जुर अन्सारी, बिशिष्ट अतिथि गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जैसवाल लगायत आतिथिलोग गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार बँटले रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि अंसारी मातारी के गर्भ सुरक्षित रहला पर एगो युग हि सुरक्षित होखेके बतावत स्वास्थ्य बच्चा जनमला पर भविष्य के एक स्वस्थ्य नागरिक बनेके बात मे जोड देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल धनिक परिवार के गर्भवती जनानीलोग पोषिलो आहार खाना खईला के साथे चेकजाँच मे भी निरन्तरता देवेलन माकिर गरिब, असहाय परिवार के जनानीलोग के पोषिलो खाना भी ना पुगल अवस्था मे गाँवपालिका गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार वितरण कईल बतवनी ।
गर्भावस्था से जन्म होखेवाला समय तक बच्चा के ४० प्रतिशत मानसिक विकास होखेवाला भईला से गर्भवती मातारी खुद लगायत आपन बच्चा के खातिर भईला पर भी आपन स्वास्थ्य अवस्था के उचित ध्यान राखेके साथे पोषिलो खाना मे ध्यान पुगावेके बतवनी ।
उनका मुताविक भौतिक पूर्वाधार विकास से मात्र पालिका समृद्ध ना होखेके कहत भविष्य मे जनमेवाला बच्चा के खातिर भी अईसन कार्जक्रम प्रभावकारी होखेके बतवनी ।
गरिब, विपन्न परिवार के दैनिकी चलावे मे समस्या हो रहल अवस्था मे गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो खाना खियावेके समस्या देखल गईला से पालिकाका गरिब, विपन्न परिवार के गर्भवती जनानीलोग के खातिर ई कार्जक्रम लियावल अध्यक्ष जैसवाल बतवनी ।
पालिका के वार्ड नं. १ के १ सय जने, वार्ड नं. २ के ११० जने, वार्ड नं. ३ के १०५ जने, वार्ड नं. ४ के ९५ जने, वार्ड नं. ५ के ९० जने आ वार्ड नं. ६ के ९८ जने करके जम्मा ५९८ जने गर्भवती जनानीलोग के एक महिना पुगेवाला किसिम से पोषिलो आहार वितरण कईल कहत आवेवाला हप्ता से गर्भवती जनानीलोग के चेकजाँच के खातिर निःशुल्क भिडियो एक्सरे के व्यवस्था कईल बतवनी ।
गर्भवती जनानीलोग के तीन तीन महिना मे चेकजाँच करावेके अवस्था के मध्यनजर करत पालिका एक हप्ता भितर गर्भवती जनानीलोग के नामावली तईयार करके वीरगंज स्थित अस्पताल से समन्वय करके भिडियो एक्सरे कईला के साथे स्वास्थ्य चेकजाँच करावे के व्यवस्था मिलावेके बतवनी ।
गर्भवती जनानीलोग के वीरगंज जाके चेकजाँच करावे मे एक बेर मे कम्ति मे ३ से ५ हजार तक के खर्च लागेवाला भईला से गरिब निमुखा तथा दैनिक ज्यालादारी मे काम करेवाला परिवार के समस्या होके गर्भवती जनानी के चेकजाँच भी ना होरहला से अब पालिका आपन खर्च मे गर्भवती जनानीलोग के आपन गाडी मे राख के वीरगंज लेजाके चेकजाँच कराके फेनु पालिका तक लियावे के व्यवस्था मिलावेके बतवनी ।
गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार वितरण कार्जक्रम मे प्रत्यक्ष भा अप्रत्यक्ष रुपमे पूर्व नि.प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत तथा जनस्वास्थ्य विज्ञ भोजेन्द्र कुमार चौधरी के भी योगदान रहल जनावल गईल बा ।






