गाँजा पकडेके समय मे भिडन्त गोली लागके महतो के मृत्यु

प्रभु यादव
बारा १२ फागुन
बारा मे प्रहरी के गोली लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा । बुध के रात के करिब ११ बजे के समय मे सात आठ जने के समूह मे ७५ किलो गाँजा नेपाल से भारत ओरी लेजारहल समय प्रहरी टोली गस्ती पुगल सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर २ महुयाही मे गस्ती टोली आ गाजा तस्कर वीच भईल भिडन्त मे प्रहरी के गोली लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा ।
गाँजा तस्कर प्रहरी टोली के लक्षित कर के एक राउन्ड गोली चलईला के बाद आत्मरक्षा के खातिर प्रहरी से चलावल गोली लाग के भारत घोडासाहन भेलवा के अन्दाजी ३५ बरीस के लखिनदर कहर महतो के ज्यान गईल प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी राजेश थापा जानकारी करावले बानी ।
भारतीय नागरिक कहर महतो के डाँर मे गोली लाग के घायल भईल आ ईलाज के खातिर प्रादेशिक अस्पताल कलैया मे ईलाज के समय मे करिब दु बजे के समय मे मृत्यु भईल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी । मृत्क के लास प्रदेशिक अस्पताल कलैया मे राखल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
प्रहरी के जवाफी फायर वाद तस्कर गाँजा छोड के भागत एक जने भारतीय के प्रहरी टोली पकडे मे सफल भईल प्रहरी प्रवक्ता थापा बतवले बानी । पकडाईल भारत विहार मोतिहारी जिल्ला ग्राम पञ्चायत पिप्रा निवासी ४० वरीस के हृदेश गिरी रहल थापा जनकारी करावले बानी । पकडाईल गिरी के थुना मे राख के भागल लोग के खोजतलास जारी रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।





