नेपाली कांग्रेस बिन्दवासनी के सभापति मे चौरसिया आ जिराभवानी के सभापति मे महतो निर्विरोध निर्वाचित

वीरगंज १३ फागुन

नेपाली कांग्रेस बिन्दवासनी गाँवपालिका के सभापति मे बिवेक कुमार चौरसिया निर्विरोध निर्वाचित भईल बानी । कांग्रेस के १४ वाँ महाधिवेशन अन्तर्गत शुक के दिने पुरा भईल गाँवपालिका अधिवेशन से सभापति मे चौरसिया निर्विरोध निर्वाचित भईल बाडन ।

गाँवपालिका समिति के उपसभापति मे राजेश्वर प्रसाद चौरसिया, राजेश तिवारी, सचिव मे संतोष कुमार चौरसिया, मुकेश प्रसाद साह कानु, सह सचिव मे जितेन्द्र कुमार, श्रीलाल प्रसाद कुर्मी निर्वाचित भईल बानी ।

एहितरे, समिति के सदस्य मे पन्ना देवी चमईन, नागेश्वर साह तेली, चोकट मुखिया बिन, सोना देवी कानु, मनोज राउत कुर्मी, सुनिल प्रसाद चौहान, देवनारायण साह कानु, प्रेम कुमार चौरसिया, दिनेश साह कानु, कोशिला देवी,अवधकिशोर प्रसाद बरै आ रामराज बरै निर्विरोध निर्वाचित भईल मतदान अधिकृत मनोज कुमार यादव जानकारी देहनी ।

समाजिक क्षेत्र मे लम्हर समय तक काम कईल चौरसिया आपन मूल्यांकलन करके गाँवपालिका सभापति के जिम्मेवारी देहला मे सभी पार्टी पंक्ति के धन्यावाद तथा अभार भी चौरसिया प्रकट कईले बानी । उ गाँवपालिका सभापति मे निर्वाचित भईला के बाद बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन मे पार्टी के बिजयी करावे के प्रतिबद्धता भी जनवनी । वार्ड से पालिका अध्यक्ष तक के सभी पद मे पार्टी के उम्मेदवार के विजयी करावेके उ बतवनी ।

गाँवपालिका पार्टी कार्यालय बहुअर्वाभाठा मे भईल अधिवेशन मे सभापति मे निर्वाचित अध्यक्ष चौरसिया सहित गाँवपालिका समिति के सभी पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के महाधिवेशन प्रतिनिधि अशोक कुमार गुप्ता, उमेश चौरसिया, पर्सा क्षेत्र नं.३(ख) सभापति अनोज कुमार चौरसिया, गाँवपालिका के उपमेयर किरण गुप्ता, स्थानिय नेता उपनेश चौरसिया, छठुलाल चौरसिया वार्ड सभापतिलोग सतेन्द्र ओझा, प्रभु चौहान, जय प्रकाश चौरसिया, रामविलास चौरसिया, सुकदेव यादव लागयत के लोग फुल माला आ अविर के टिका लगाके बधाई तथा शुभकामना देहले रहनी ।

एहितरे नेपाली काङ्ग्रेस जिराभवानी गाँवपालिका के सभापति मे मनमोहन महतो निर्विरोध निर्वाचित भईल बाडन । कांग्रेस के १४ वाँ अधिवेशन अन्तर्गत शुक के दिने पुरा भईल जिराभावनी गाँवपालिका के अधिवेशन से महतो के सभापतित्व मे ३२ सदस्यीय गाँव समिति निर्विरोध निर्वाचित भईल बाडन ।

समिति के उप सभापति मे लालदेव दास, सत्यनारायण साह कानु, सचिव मे अर्जुन चौधरी थारु, रामाशंकर महतो, सह सचिव मे शेषनुमान आजम, अनिल गौरौ निर्वाचित भईल मतदान अधिकृत गगनदेव यादव जानकारी देहनी ।

एहितरे, समिति के सदस्य मे मदन दास तत्वा, राजेन्द्र साह, रुकमणी देवी थरुनी, बिरेन्द्र बच्छार, ध्रुपसागर खाँ, ललिता देवी, रामाकान्त महतो, प्रेम चौधरी थारु, हिरामती देवी, गौरीशंकर राय, प्रदेशी दास थारु, अंशुइया देवी थरुइनी, किरण प्रसाद राउत, प्रतिमा खवास, सोमनाथ सापकोटा, पानादेवी, नविरसुल मियाँ, राजराज दास, शम्भु महतो थारु, संजय खवास, पुतरिया देवी थरुनी, नजिया देवी थरुनी, भागिरथ राम, पुनम देवी चमार आ बृजलाल दिसवा निर्वाचित भईल वार्ड सभापति सरोज चौरसिया जानकारी देहनी ।

नव निर्वाचित सभापति महतो सहित सभी गाँव समिति के पदाधिकारी आ सदस्यलोग के प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी फुल माला आ अविर के टिका लगाके प्रमाण पत्र वितरण कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।