तिसरका मेयर कप खेलकुद प्रतियोगिता मे आयोजक के घनघोर लापरवाही, विद्यार्थीसब बेहोस भईल

वीरगंज १४ फागुन

वीरगंज मे आजु से मेयर कप खेलकुद प्रतियोगिता शुरु भईल बा । वीरगंज के आदर्शनगर मे शुरु भईल प्रतियोगिता के प्रमुख अतिथि मधेस प्रदेश के खानेपानी तथा उर्जा विकास मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा उदघाटन कईले बानी ।

प्रतियोगिता के उदघाटन समरोह मे अनेकन निजी तथा सामुदायिक विद्यालयसब मार्चपास कईले रहलन । मार्च पास मे जिएचपी मावि पहिलका, मनकामना मावि दुसरका सिद्धार्थ माबि तिसरा स्थान लिआईल रहे । उलोग के प्रमुख अतिथि लगायत अतिथिलोग पुरस्कार भी बँटले रहलन ।

उदघाटन कार्जक्रम मे छोटा छोटा विद्यार्थीलोग घण्टो घाम मे लाइन मे खडा कईला के बाद बहुते विद्यार्थीलोग लाईनमे बेहोस होके गिरल रहलन । उदघाटन कार्जक्रम के खातिर विद्यार्थीलोग के करिब तीन घण्टा तक मैदान मे खडा करईला के बाद विद्यार्थीलोग बेहोस होके गिरल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।

तईयारी पुरा ना भईला के चलते मेयर कप मे सहभागी होखेमे आमनन्त्रित कुछ अतिथि आ विद्यालय तोकल समय से करिब ३ घण्टा देर पुगला के बाद कार्जक्रम प्रभावित भईल रहे । नास्ता पानी बिना सबेरे ९ बजे से दिनके १ बजे तक विद्यार्थीलोग के कार्जक्रम मे सहभागी करईला के बाद करिब आधा दर्जन से बेसी विद्यार्थीलोग बेहोस भईल रहलन ।

सबेरे ९ बजे कार्जक्रम स्थल पुगावे खातिर विद्यालयसब तईयारी करके कार्जक्रम मे सहभागी होखे खातिर सबेरे ८ बजे हि विद्यालय मे बोलवले रहे । सबेरे भुखे रंगशाला पुगल विद्यार्थीलोग कार्जक्रम करिब ३ घण्टा देर भईला के बाद खेलमैदान मे धमाधम बिद्यार्थीलोग बेहोस भईल एक विद्यालय के शिक्षक बतवनी । महानगर के कर्मचारी पानी आ फ्रुटी के व्यवस्था कईले रहे माकिर उ भी आधा विद्यार्थी के मात्र पुगल बाकी विद्यार्थी भुखे रहेमे बाध्य भईलन ।

उदघाटन समारोह मे औपचारिक कार्जक्रम के समापन करत वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी विद्यार्थीलोग के अध्ययन अध्यापन बाहेक अतिरिक्त क्रियाकलाप मे भी सहभागिता करावेके उदेश्य से तीन बरीस से मेयर कप खेलकुद प्रतियोगिता मे बहुते बजेट खर्च करके खेलकुद प्रतियोगिता आयोजना करत आईल बतवनी ।

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख सरावगी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेशसभा सदस्य करिमा वेगम, महानगरपालिका के उपप्रमुख शान्ति कार्की, महानगर के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत निश्चलराज पाण्डे, शैक्षिक प्रशासन महाशाखा के प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण, प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष पुरन प्रधान, एन–प्याब्सन के रामराज श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।