नक आउट वडा स्तरिय क्रिकेट प्रतियोगिता मे वीरगंज १४ जितल

वीरगंज १७ फागुन
किङ्ग स्पोर्ट सेन्टर बीरगंज पर्सा के आयोजना मे चल रहल नक आउट वडा स्तरिय क्रिकेट प्रतियोगिता अन्तरगत आजु भईल खेल मे वार्ड नं १४ पिपरा टोल जितल बा ।
टस जीत के वार्ड नं १४ पिपरा टोल फिलडिङ्ग छानला के बाद वार्ड नं ५ कुम्हालटोल १८ ओभर मे अल आउट भईला पर ८७ रन के लक्ष्य प्रस्तुत कईले रहे । जवाफी बयाटीङ्ग मे उतरल वार्ड नं १४ पिपरा टोल १० ओभर खेलत २ विकेट के नोक्सानी मे सानदार जीत हासिल कईले बा । खेल के मयान अभ दी मयाच वार्ड नं १४ पिपरा के साजन पटेल घोषित भईल बाडन ।
उ उतकृष्ट बलीङ्ग प्रदर्शन करत ४ ओभर मे १७ रन देके महत्वपूर्ण ३ विकेट लेहले रहलन । एहितरे दोसर खेलाडी नाजीर हुसेन बढिया खेल प्रदर्शन कईला मे टिम के बयवस्थापक सत्रुधन पटेल उनका के नगद रु ५०० रोपेया के पुरस्कार से सम्मानित कईले रहनी । जारी रहल प्रतियोगिता मे २० गो टीम के सहभागिता रहल बा । उ प्रतियोगिता शनिचर तक चलेके आयोजक कमिटी के जहुर अंसारी जानकारी देहनी ।






