पेट्रोलियम पदार्थ के दाम आकास छुवलख

काठमाण्डु १९ फागुन
सरकार पेट्रोलियम पदार्थ के दाम बहुते बढवले बा । बियफे के दिने बईठल नेपाल आयल निगम सञ्चालक समिति के बईठक से डिजल, पेट्रोल आ मट्टितेल के दाम प्रतिलिटर ५ रोपेया से बढावेके निर्णय कईले बा ।
खाना पकावेवाला ग्यास के दाम बढल नईखे । निगम अन्तर्राष्ट्रिय बजार मे कच्चा तेल के दाम बढला से घाटा के दर बढल कहत एके बेर मे ५ रोपेया के दर से बढावल गईल बा ।
अब पेट्रोल के दाम प्रतिलिटर १५० रोपेया पुगल बा आ डिजल आ मटितेल के दाम १३३ रोपेया प्रतिलिटर भईल बा ।
आयल निगम खाना पकावेवाला ग्यास मे प्रतिसिलिन्डर ६६५.३४ रोपेया घाटा हो रहला पर भी ना बढावेके निर्णय लेहले बा । हवाई इन्धन के दाम भी समायोजन भईल बा ।
ई मूल्य समायोजन के बाद भी निगम के १५ दिन मे २ अरब ५० करोड घाटा होखेके सह–प्रवक्ता पुष्कर कार्की बतवनी । फागुन तक मात्र निगम के २८ अरब नोक्सानी होखेके देखल गईल निगम विज्ञप्ति मे उल्लेख कईले बा ।
निगम सञ्चालक समिति आर्थिक संकट बढत गईल कहत कर्मचारी के देत आईल पोशाक संरक्षण खर्च कटौती करेके निर्णय भी कईले बा ।






