पर्सा मे कटुवा पेस्तोलसहित चरेश बरामद

वीरगंज २२ फागुन,
सशस्त्र पुलीस पर्सा से कटुवा पेस्तोल, ओमे लागेवाला गोली आ चरेश बरामद कईले बा ।
छिपहरमाइ गाँवपालिका–५ स्थित सिक्टा नदी के पुल लगे से शनिचर के रात कटुवा पेस्तोल, ओमे लागेवाला गोली आ चरेश बरामद कईले बा ।
सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक राजेश्वरप्रसाद साह नेतृत्व के टोली सिक्टापुल आसपास के क्षेत्र मे गस्ती मे रहे । सशस्त्र प्रहरी के देखते मातर एक जने आदमी आपना लगे रहल झोरा बिगके भारत ओरी भगलन ।
झोरा खोल के देखला पर प्लाष्टिक मे लपेटल अवस्था मे लागुऔषध चरेश २ प्याकेट, एक थान नलकटुवा पेस्तोल आ ओमे लागेवाला ७.६२ मि.मि के गोली १ थान बरामद कईल राउण्ड गोली बरामद सशस्त्र प्रहरी बल १३ नं हेड क्वाटर पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक सन्तोष बस्नेत जानकारी देहनी ।
बरामद कईल लागुऔषध आ हथियार नेपाल पुलीस के बुझावल गईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।