होली सभ्य होके मनावेला बारा प्रहरी कईलख निहोरा

प्रभु यादव

बारा २२ फागुन

बारा जिल्ला के नागरिक सब के होली सभ्य होकर के मनावेला जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा निहोरा कईले बा ।

हर पहर गाँव आ नगर टोल टोल मे नेपाल प्रहरी के नारा सहित होली पर्व २०७८ साल के सम्पुर्ण जन समुदाय मे शुभकामना देत जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा, समुदाय–प्रहरी कार्जक्रम, जिल्ला समिति बारा होली पर्व सभ्य होकर के मनावेला हार्दिक अनुरोध कईले बा । होली खेलत बानी त सभ्य तरिका से खेली रंग बाहेक अण्डा, मोबिल, लोला तथा फुहर पानी के प्रयोग ना करी प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।

सवारी साधन अधिक तेज मे ना चलाई, मादक पदार्थ सेवन कर के सवारी साधन ना चलाई प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी । मोटरसाईकल चलावत बानी त २ जने से अधिक ना बईठी हेलमेट अनिवार्य लगावल करी थापा जनकारी करावले बानी ।

रास्ता चलेवाला लोग के जबर्जस्ती रंग, अविर ना लगाइ, अपरिचित व्यक्ति से देहल खाएवाला समान ना खाई थापा जनकारी करावले बानी । होली मे कवनो भाषा के अश्लिल गित ना बजाई डिजे आ लाउड स्पीपर जादा साउण्ड मे ना बजाई थापा सुचना निकाल के निहोरा कईले बानी । होली खेलत बानी त मनोरंजन के नाम मे गाजा भाङग, लागुऔषध तथा अवर नशालु पदार्थ सेवन ना करे प्रहरी प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी ।

होली खेलत बानी त सुरक्षित साथ सभ्य नागरीक के परिचय देहत होली के नाँव मे धार्मिक÷सम्प्रदायिक सदभाव मे खलल पुगावेला कवनो क्रियाकलाप ना करे खातिर बारा प्रहरी सभी मे निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।