सखुवा प्रसौनी के उपाध्यक्ष चौधरी हि अध्यक्ष उपर दुव्र्यवहार कईल आरोप

वीरगंज २३ फागुन

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल उपाध्यक्ष फुलमति देवी चौधरी खुद उपर लगावल आरोप निराधार रहल बतवले बाडन । उपाध्यक्ष चौधरी खुद उपर काल्हु गाँवपालिका अध्यक्ष जयसवाल पिटपाट करके घायल बनावल कहत लगावल आरोप के खण्डन करत अध्यक्ष जयसवाल उपाध्यक्ष चौधरी के आरोप निराधार रहल बतवले बाडन ।

पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करत गाँवपालिका अध्यक्ष जयसवाल उलटे उपाध्यक्ष चौधरी खुद के दुव्र्यवहार कईल बतवनी ।

काल्हु आपन कार्यकक्ष मे आके उपाध्यक्ष चौधरी गाँवपारिषद के बारे मे विवाद करेके समय मे अचानक आपना उपर पानी के बोत्तल प्रहार कईल अध्यक्ष जयसवाल के कहनाम बा । जयसवाल कहनी, ‘हमरा से पहिले हि उपाध्यक्ष चौधरी हमर कार्यकक्ष मे जाके रहल रहनी, हम पुगला पर गाँवपरिषद काहे हमरा के ना पुछके कईल कहके गाली करे लगनी, भनाभन होत रहे अचानक उ पानी के बोत्तल प्रहार कईनी ।

उ समय कार्यकक्ष मे वार्ड अध्यक्षलोग भी रहल आ उपाध्यक्ष चौधरी दुव्र्यवहार करे लागला के बाद उलोग हि उपाध्यक्ष चौधरी के उनकर कार्यकक्ष मे लेजाके राखल अध्यक्ष जयसवाल बतवनी । हाथपात कईल कहके लगावल गईल आरोप गलत रहल बरु चौधरी हि खुद सँगे दुव्र्यवहार कईल उ बतवनी ।

खुद सँगे दुव्र्यवहार करेवाला उपाध्यक्ष चौधरी विरुद्ध कार्वाही के माग करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे जाके उपाध्यक्ष चौधरी विरुद्ध उजुरी देवेके भी अध्यक्ष जयसवाल बतवनी ।

एने गाँवपालिका के उपाध्यक्ष चौधरी खुद के गाँवपालिका अध्यक्ष सहित वार्ड अध्यक्षलोग पिटपाट करके घायल बनावल आरोप लगवले रहनी । माकिर गाँवपालिका अध्यक्ष जयसवाल यथार्थ घटना सिटी टिभी मे फुर्टेज कैद भईल वतवनी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत देवनाथ साह, पूर्व नि.प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत भोजेन्द्र चौधरी, वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष विश्वनाथ पटवारी, वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष नियाज अहमद, वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष सलिम मियाँ अन्सारी, वार्ड नं. ४ के जुमादिन अन्सारी, वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष रुपलाल कुमार यादव, वार्ड नं. ६ के वार्ड अध्यक्ष लालबहादुर यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।