गांजा मुद्दा के फरार अभियुक्त ९ बरीस के बाद पकडईलें

वीरगंज २४ फागुन
पर्सा से पुलीस गाजा मुद्दा के एक फरार अभियुक्त के ९ बरीस के बाद पकडले बा । छिपहरमाई गाँवपालिका– १ के ५१ बरीस के गुमानी साह पकडाईल पुलीस जनवले बा । ६ पुस २०६९ मे पुलीस साविक मिर्जापुर गाविस– ४ अभी छिपहरमाई गाँवपालिका–१ स्थित गुमानी साह के गोठघर से लागूऔषध गाजा बरामद भईल रहे ।
पुलीस चौकी मिर्जापुर से खटल टोली गोठ मे खानतलासी कईला पर २ गो टिन के ड्रम मे लुकाके राखल लागूऔषध गाजा १४० किलो बरामद भईल रहे ।
गुमानी साह उ समय से हि फरार रहलन । विशेष सूचना के अधार मे मंगर के दिने छिपहरमाई गाँवपालिका–२ से उनका के पकडल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा जानकारी देहनी । उनका के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे राख के लागूऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।





