कोल्ड निरिक्षक अधिकृत यादव उपर कारवाही करे खातिर महासंघ के माग

रौतहट २४ फागुन

स्वास्थ्य कार्यालय गौर के कोल्ड निरिक्षक अधिकृत पासपत राय यादव उपर कारवाही करे खातिर नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा जोडदार माग कईले बा ।

महासंघ के जिल्ला सचिव मदन ठाकुरद्धारा हस्ताक्षरित विज्ञप्ति मे नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश के कार्य समिति सदस्य शैलेन्द्र झा के स्वास्थ्य कार्यालय अधिकृत यादव ज्यान मारेके धम्की देहला से कारवाही करे खातिर सम्बन्धित निकाय से माग कईले बाडन । स्वास्थ्य कार्यालय के अधिकृत यादव ९७ लाख रोपेया बितल बरीस से पेश्की राखल सन्दर्भ मे प्रतिक्रिया लेवे गईला पर यादव समाचार लिखला पर ज्यान मारेके धम्की देहल विज्ञप्ति मे उल्लेख कईले बाडन । एहितरे प्रेस चौतारी नेपाल प्रेस विज्ञप्ति प्रकाशित करके स्वास्थ्य कार्यालय के कोल्ड निरिक्षक अधिकृत पासपत राय यादव उपर कारवाही के माग कईले बा । एहितरे प्रेस चौतारी नेपाल के जिल्ला सचिव मुकेश कुमार शाहद्धारा हस्ताक्षरित प्रेस विज्ञप्ति मे कउनो भी बहाना मे पत्रकार के ज्यान मारेके धम्की देहल प्रेस स्वतन्त्रता विरोधी काम ह उल्लेख कईले बाडन ।

प्रेस चौतारी नेपाल प्रेस स्वतन्त्रता विरोधी धम्की देवेवाला के कानुनी दायरा मे लियावेके आ पत्रकार के सुरक्षा मे गम्भीर बने खातिर सम्बन्धित निकाय से जोडदार माग कईले बा । प्रेस चौतारी नेपाल के केन्द्रिय पार्षद शैलेन्द्र झा के ज्यान मारेके धम्की यादव से देहल उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।