वीरगंज मे बर्डफ्लू, १९ सय मुर्गी मरल

वीरगंज २७ फागुन

वीरगंज मे भी मुर्गीसब मे बर्डफ्लू संक्रमण देखाई देहले बा । वीरगंज महानगरपालिका १५ भेडियाहीस्थित सागीर अन्सारी से संचालन कइल पर्सा कुखुरा फर्म के ब्रोइलर मुर्गीसब मे बर्डफ्लू देखल गईल बा । बर्डए फलु संक्रमण से उ मुर्गी फर्म मे रहल १ हजार ९ सय गो मुर्गी मरल बा ।

फर्म मे रहल मुर्गीसब बर्डफ्लू संक्रमण से मरे लागला के बाद बाँकी रहल जीनदा मुर्गी आ पंक्षीजन्य वस्तुसब पुलीस के रोहबार मे शुक के दिने नोक्सान कईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरिक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

जिल्ला पशु क्वारेन्टाइन कार्यालय पर्सा से डाक्टर हरेराम यादव के नेतृत्व मे खटल पशु प्राविधिकलोग के टोली उ फर्म मे रहल जीनदा ३० गो मुर्गी, अण्डा २ हजार पिस, दाना ३ सय किलो, अण्डा के खाली क्रेट ३ हजार थान आ संक्रमण से मरल १ हजार ९ सय गो मुर्गी खान्ता मे भथर के नोक्सान कईल खनाल बतवनी ।

बर्डफ्लू संक्रमण मिलला से उ कुखुरा फर्म के सिल भी कईल जिल्ला पशु क्वारेन्टाइन कार्यालय पर्सा के प्रमुख डाक्टर हरेराम यादव जानकारी देहनी । भेडियाही के मुर्गा फर्म के मुर्गीसब मे बर्डफ्लू संक्रमण मिलला के बाद वीरगंज आ ई आसपास के आउर मुर्गी फर्मसब मे पुग के अनुगमन आ परिक्षण करेके तइयारी हो रहल यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।