बारा–पर्सा के औद्योगिक क्षेत्र के औद्योगिक कोरिडोर घोषणा करे खातिर सरकार से माग

वीरगंज २७ फागुन

वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग बारा पर्सा मे रहल औद्योगिक क्षेत्र के औद्योगिक कोरिडोर घोषणा करेके माग कईले बाडन ।

वीरगंज मे बियफे के दिने अनेकन कार्जक्रम मे भाग लेवे खातिर आईल प्रधानमन्त्री शेर बहादुर देउवा के भेट के इहाँ के उद्योगीलोग पर्सा बारा मे रहल औद्योगिक क्षेत्र के औपचारिकरुप मे औद्योगिक कोरिडोर घोषणा करेके माग कईले बाडन ।

वीरगंज के होटल दियालो लड्र्स मे प्रधानमन्त्री देउवा के भेट करके उलोग पर्सा बारा मे देश के प्रमुख औद्योगिक क्षेत्र सन्चालन मे रहला पर भी अभी तक सरकार औद्योगिक कोरिडोर घोषणा ना कईला पर उद्योगधन्दा फस्टावे ना सकल सिकाईत कईले बाडन ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुबोधकुमार गुप्ता वीरगंज से पथलैया तक रहल औद्योगिक क्षेत्र के, औद्योगिक कोरिडोर के खातिर जरुरी सभी सेवा सुविधा सहित के औद्योगिक कोरिडोर के घोषणा करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।

उ ई औद्योगिक क्षेत्र मे पहिले स्थाना कईल औद्योगिक सुरक्षा बल, निजी क्षेत्र के जानकारी हि ना देके हटईला से औद्योगिक सुरक्षा पुनः खलबलाईल उ औद्योगिक सुरक्षा बल फेनु पुनस्थापना करे खातिर प्रधानमन्त्री देउवा से निहोरा कईनी ।

प्रधानमन्त्री सँगे के भेट मे इहाँ के उद्योगीलोग तराई मधेस–काठमाण्डु द्रुतमार्ग आ निजगढ अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के निर्माण काम समयसीमा हि तोक के पुरा करे खातिर निहोरा भी कइनी । प्रमुख नाका मे रहल मितेरी पुल के पुर्ननिर्माण आ विस्तार करके सौन्दर्यकरण करे खातिर भी उलोग निहोरा कईनी ।

मधेस प्रदेश के प्रमुख शहर वीरगंज मे कृषि विश्वविद्यालय स्थापना के खातिर उलोग प्रधानमन्त्री देउवा सँगे निहोरा कईनी । उद्योगीलोग के निहोरा आ सुझाव सुनला के बाद जवाफ मे प्रधानमन्त्री देउवा वीरगंज के निजी क्षेत्र के निहोरा आ सुझाव उपर खुद गम्भिर रहल जवाफ देहनी ।

संघीय सरकार के आवेवाला बजेट तथा नीति तथा कार्जक्रम मे वीरगंज के उद्योगीलोग के सिकाईत आ सुझावसब सम्बोधन करेके आश्वासन उ देहनी । प्रधानमन्त्री देउवा व्यापार घाटा न्यूनीकरण करेके, तरलता अभाव हटावेके, ब्याजदर मे स्थिरता कायम करेके, विदेशी मुद्रा के सञ्चिती करेके लगायत के विषय मे वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग से आउर गहन छलफल करके अर्थ व्यवस्था सन्तुलित बनावेके प्रयास करेके बतवनी ।

भेटघाट कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के निवर्तमान अध्यक्ष गोपाल केडिया, पूर्वअध्यक्ष अशोक टेमानी आ अशोककुमार वैध, उपाध्यक्षद्वय हरि गौतम आ माधव राजपाल लगायत के सहभागीता रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।