कांग्रेस बहुदरमाई के निर्वाचित समिति के प्रमाण पत्र बाँटल गईल

वीरगंज २८ फागुन
नेपाली कांग्रेस बहुदरमाई नगरपालिका मे निर्वाचित गाँव समिति के पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के शनिचर के दिने एगो कार्जक्रम के बीच प्रमाण पत्र बाँटल गईल बा ।
वीरगंज स्थित साह दरबार पार्टी प्यालेस मे भईल कार्जक्रम मे नव निर्वाचित नेपाली कांग्रेस बहुदरमाई नगरपालिका के सभापति रामानन्द राउत अहिर, उपसभापति सुशील कुमार साह, ध्रुव प्रसाद कुशवाहा, सचिव हरिन्द्र प्रसाद साह, जितेन्द्र प्रसाद यादव, सह सचिव रसुल मियाँ, सुरज साह लगायत के प्रमाण पत्र बाँटल गईल बा ।
बहुदरमाई नगर समिति से आयोजना कईल होली मिलन एवं प्रमाण पत्र वितरण कार्जक्रम मे पार्टी जिल्ला सभापति जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री आ उप सभापति रामनारायण कुर्मी नवनिर्वाचित पदाधिकारीलोग के प्रमाण पत्र वितरण कईले रहलन ।
बहुदरमाई नगरपालिका के नव निर्वाचित सभापति रामानन्द राउत के सभापतित्व एवं नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार चौरसिया के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के पूर्व केन्द्रिय सदस्य सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी, मधेश प्रदेश के खानेपानी तथा उर्जा मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, बहुरमाई नगरपालिका के मेयर नितेन्द्र साह, नेता अशोक गुप्ता, किशुन चौहान, रामरुप कुर्मी लगायत के नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।






