वीरगंज महानगर के मेयर सरावगी एमाले मे प्रवेश

वीरगंज २८ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी नेकपा एमाले मे प्रवेश कईले बाडन । शनिचर के दिने एमाले अध्यक्ष केपी शर्मा ओली के हाथ से टीका आ माला लगाके सरावगी एमाले मे प्रवेश कईले बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २३ प्रसौनी मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे अध्यक्ष ओली सरावगी के पार्टी मे प्रवेश करावत स्वागत कईले बानी ।
२०७४ के स्थानीय तह के निर्वाचन मे तत्कालीन संघीय समाजवादी फोरम से चुनाव लड के वीरगंज महानगर के मेयर मे निर्वाचित सरावगी अभी जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के केन्द्रीय सदस्य भी रहलन ।
व्यपारिक घाराना के उद्योगी सरावगी २०७३ चईत ६ गते तत्कालीन संघीय समाजवादी फोरम मे प्रवेश करके राजनीति यात्रा सुरु कईले रहलन । २०७४ के स्थानीय तह मे सरावगी १९ हजार ३ सय ९३ मत लियाके निर्वाचित भईल रहलन । मेयर मे निर्वाचित भईल दु बरीस ना बितते सरावगी के आपन पार्टी के नेतालोग से असहजोग होखे लागल रहे ।
पिछिलका समय आवेवाला बैशाख मे स्थानीय तह के निर्वाचन होखेके चर्चा सुरु भईला के बाद डेढ दु महिना एने से सरावगी जसपा छोडके दोसर दल से मेयर मे चुनाव लडेके हल्ला चलल रहे । सुरु मे सरावगी नेपाली कांग्रेस मे प्रवेश करके उहे पार्टी से मेयर मे चुनाव लडेके चर्चा रहे ।
माकिर, पर्सा कांग्रेस के नवनिर्वाचित सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री आ केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल मेयर के टिकट के शर्त मे पार्टी प्रवेश ना करावे के अडान लेहला के बाद सरावगी एमाले प्रवेश के खातिर दौडधुप कईले रहलन ।
शनिचर के दिने प्रसौनी मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे नेकपा माओवादी केन्द्र के वीरगंज महानगर इन्चार्ज बाबुराम कौशीक, वाइसिएल के केन्द्रीय सदस्य ओम प्रकाश गुप्ता, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २५ के वार्ड अध्यक्ष विसराज कुर्मी, जनता समाजवादी पार्टी के जिल्ला सदस्य अजय साह, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सदस्य अमोद यादव भी एमाले मे प्रवेश कईले बानी ।
नेकपा एमाले पर्सा के जिल्ला अध्यक्ष प्रभु हजरा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पूर्वमन्त्रीद्वय प्रभु साह आ रघुवीर महासेठ, लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





