नवजात शिशु तथा बाल रोग बिशेषज्ञ डा. रौनियार निःशुल्क बहिरङ्ग सेवा दिहें

वीरगंज २९ फागुन
वीरगंज मे नवजात शिशु तथा बाल रोग बिशेषज्ञ डाक्टर आनन्द रौनिया निःशुल्क बहिरङ्ग सेवा देहल सुरु कईले बानी ।
शनिचर के दिने ओम शिवशक्ति बचत तथा ऋण सहकारी संस्था परवानीपुर मे गुरु सम्मान तथा होली मिलन कईल कार्जक्रम मे समुह के कोषध्यक्ष नवजात शिशु तथा बाल रोग बिशेषज्ञ डाक्टर आनन्द रौनियार निःशुल्क बहिरंग सेवा संचालन करेके घोषणा कईला के बाद फागुन २९ गते एतवार से सुरु होखेके डाक्टर रौनियार बतवले बानी ।
हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह के कोषध्यक्ष रहल डा.रौनियार वीरगंज स्थित नारायणी ब्योधा हस्पिटल के सिटी किल्नीक वीरगंज लिंक रोड मे निःशुल्क बहिरंग सेवा सुरु भईल बतवले बानी । समाज मे रहल गरीब तथा विपन्न वर्ग के नवजात शिशु तथा लईकालइकी के खातिर निःशुल्क बहिरंग सेवा देवेके साथे सुपथ मुल्य मे दवाई भी देवेके बतवले बानी ।
अभी पर्सा आ बारा जिल्ला मे बच्चासब के ईलाज मे देखल गईल चलन बा कि जरुरत से बेसी दवाई लिखेलन । गरीब तथा विपन्न परिवार के सहजता खातिर निःशुल्क बहिरंग सेवा देवेके डा. रौनियार के पहिलाका प्रयास रहल बतवले बानी ।
डा.रौनियार वीरगंज स्थित नारायणी ब्योधा हस्पिटल के सिटी किल्नीक वीरगंज लिंक रोड मे दिनके १२ बजे से सँझिया के ४ बजे तक निःशुल्क बहिरंग सेवा संचाल होखेके बतवनी । उ निःशुल्क बहिरंग सेवा हप्ता के ६ दिन संचाल मे रहल आ शनिचर के दिने छुटी रही ।
डा. रौनियार पर्सा के वीरगंज के गण्डक स्थित रहल नारायणी ब्योधया हस्पिटल मे कार्यरत रहल बाडन आ कउनो अचानक भा फोन मे सम्पर्क करे खातिर आपन नम्बर ९८२०७०६८३४ भी सार्वजनिक कईले बानी ।






