आर्थिक क्रान्ति सफल ना होखे तक देश से गरिबी ना हटी : नेका नेता रिजाल

वीरगंज ३० फागुन
नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य एवम् मधेश प्रदेश के संयोजक रमेश रिजाल आर्थिक क्रान्ति के खातिर आवेवाला निर्वाचन मे नेपाली कांग्रस जितल जरुरी रहल बतवले बानी ।
नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नं. ४ के क्षेत्रिय समिति से जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. ५ मसिहानी मे सोमार के दिने आयोजना कईल होली मिलन समारोह के सम्बोधन करत नेता रिजाल नेपाली कांग्रेस सत्ता मे ना पुगे तक आर्थिक क्रान्ति पुरा ना होखेके बतवनी । उ ओकरा खातिर नेपाली कांग्रेस जितल जरुरी रहल बतवनी ।
आर्थिक क्रान्ति सफल ना होखे तक देश के गरिबी हटे ना सकेके नेता रिजाल के कहनाम रहे । एकरा साथे समाजिक क्रान्ति भी जरुरी रहल बतावत नेता रिजाल समाज मे भईल कुरुती ना हटे तक समाजिक क्रान्ति पुरा ना होखेके बतवनी । उ “जब तक देश मे विभेद रही तब तक देश बिकास करे ना सकी । ओहिसे समाज मे भईल विभेद हटल जरुरी बा ।”
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल नेता रिजाल समाज मे चेतना के स्तर उठल जरुरी रहल बतवनी । उ समाज परिवर्तन के सम्वाहक बने खातिर नेता, कार्यकतालोग के निर्देशन भी देहनी ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथी केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार चौरसिया केपी ओली के सरकार प्रेस के अधिकार, मानव अधिकार छिनेके खोजल बतवनी । उ कहनी, “ओली नेतृत्व के दु तिहाई के सरकार लोकतन्त्र के कमजोर बनावेके खोजले रहे । भ्रष्टाचार सिमा पार कईले रहे । मल खाद खरिद से प्लेन खरिद तक भ्रष्टाचार भईल रहे ।”
ओकरा बाद मात्र नेपाली कांग्रेस के सभापति शेर बहादुर देउवा के नेतृत्व मे सरकार बनल बतवनी । उ आवेवाला निर्वाचन मे कांग्रेस के आधिकारिक उम्मेदवार के जितावे खातिर आजु से लागेके बतवनी । बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन मे वार्ड से गाँवपालिका, नगरपालिका आ महानगरपालिका तक कांग्रेस के जितावे खातिर नेता तथा कार्यकर्तालोग के आजु से लागे खातिर नेता चौरसिया निहोरा कईनी ।
पिछिलका चुनाव मे कांग्रेस के चलते कांग्रेस हारल बतावत अब आवेवाला चुनाव मे कांग्रेस संगे अन्तर्घात करेवाला के तत्काल कारवाही करेके आ पार्टी से निकालेके बतवनी ।
पूर्वमन्त्री सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी दु तिहाई के लगे बुहमत प्राप्त नेकपा के सरकार स्थिरता देवे ना सकला से नेपाली कांग्रेस के विकल्प ना रहल प्रमाणित भईल बतवनी । कम्युनिष्ट सरकार मे चरम भ्रष्टाचार होखेके साथे महंगी बढल उ आरोप लगवनी । पेट्रोलियम इन्धन रसिया युक्रेन युद्ध के चलते अन्तराष्ट्रिय स्तर मे महँगा भईला से एमे वर्तमान सरकार के दोष ना रहल कहत सरकार के बचाउ भी कईनी । नेपाली कांग्रेस पर्सा के नवनिर्वाचित सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री आवेवाला सभी तह के चुनाव मे पार्टी जेकरा के टिकट दिआई उनका के जितावे खातिर सभी नेता कार्यकर्ता के साझा आ व्यक्तिगत जिम्मेवारी होखेके बतवनी ।
क्षेत्रीय सभापति श्रीकान्त यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश के खानेपानी तथा उर्जामन्त्री ओमप्रकश शर्मा, प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, मधेश प्रदेश के महामन्त्री बृहस्पति कृष्ण श्रेष्ठ, महाधिवेशन प्रतिनिधि बशिष्ठ नारायण कुर्मी, राकेश सिंह, जिल्ला उपसभापति रामनारायण कुर्मी, जिल्ला सचिव ईम्तियाज आलम, दिनेश चौधरी, पुर्व जिल्ला सचिव श्याम पटेल, जिल्ला सह सचिव नवीन सिंह, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दिपेन्द्र चौहान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम के संचालन क्षेत्रिय सचिव बलिष्टर अहमद कईले रहनी । हजारो के संख्या मे सहभागिता रहल कार्जक्रम मे भोजपुरी गायक छोटु राजा आ कांग्रेस के नेता राकेश यादव सांस्कृतिक प्रस्तुती रखले रहलन ।






