कालिकामाई के अनेकन वार्ड मे काँग्रेस के टोल समिती गठन

वीरगंज ०१ चईत

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ के टिनडोबिया आ रबिदास मे नेपाली कांग्रेस के टोल समिति गठन भईल बा । आवेवाला बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन के लक्षित करके टोल समिति गठन कईल सुरु कईल गाँव समिति के सचिव रामानन्द ठाकुर जानकारी देहनी ।

टिनडोबिया मे शेषनाथ राउत कुर्मी के सभापतित्व मे २३ सदस्यीय टोल समिति गठन भईल बा । जउन समिति के उप सभापति मे करीमन पटेल शिव प्रसाद कुर्मी, सचिव मे अनिरुद पटेल, दुर्याेदन साह कानु, सचिव मे फिरोज आलम आ लालबाबु राउत कुर्मी रहल बाडन ।

एहितरे, रविदास मे ललन राउत गद्दी के सभापतित्व मे २३ सदस्यीय टोल समिति गठन भईल बा । जउन समिति के उप सभापति मे भरत राउत अहिर, संदेश प्रसाद यादव, सचिव मे अजय प्रसाद यादव, हेवन्चल प्रसाद यादव, सह सचिव मे दिनानाथ पाल, बह्रमदेव पासवान लगायत के रहल बाडन ।

गाँवपालिका सभापति छठु साह, उप सभापति रजाक राउत गद्दी, सचिव नाजिर हुसेन, सह सचिव जयबालक साह कानु, हिरा पटेल, महाधिवेशन प्रतिनिधि रामप्रसाद चौहान, वार्ड नं. १ के सभापति नेजामुदिन मियाँ लगायत के विशेष उपस्थिती मे समिति गठन भईल बा ।

एहितरे, कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ बलुवा मे भी नेपाली कांग्रेस के टोल समिति गठन भईल बा । उमाशंकर मुखिया के सभापतित्वा मे २५ सदस्यीय वार्ड समिति गठन भईल कांग्रेस के स्थानिय नेता संजय साह जानकारी देहनी ।

नव गठित टोल समिति के उप सभापति मे भिखारी महतो, देवनाथ चौरसिया, सचिव मे कृष्णा चौरसिया, अनुठालाल मुखिया, सह सचिव मे मुनि महतो, प्रशुराम मुखिया लगायत के रहल बाडन ।

वार्ड सभापति सिकेन्द्र देवान के सभापतित्व आ गाँवपालिका सभापति छठु साह के प्रमुख आतिथ्यता मे टोल समिति गठन भईल वार्ड समिति के सचिव अमरदेव चौरसिया जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।