तेली समाज के होली मिलन कार्जक्रम

वीरगंज ०२ चईत
तेली कल्याण समाज पर्सा के आयोजना मे आजु होली मिलन कार्जक्रम पुरा भईल बा । रेडियो वीरगंज परिसर मे भईल कार्जक्रम मे सहभागिलोग एक दोसर के अविर लगावत होली के शुभकामना आदान प्रदान कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे तेली कल्याण समाज पर्सा के नवगठित जिल्ला कार्य समिति के नाम भी सार्वजनिक कईल रहे । ध्रुव साह के अध्यक्षता मे २८ सदस्यीय नयाँ कार्य समिति चयन कईल तेली कल्याण समाज के केन्द्रिय उपाध्यक्ष विश्वनाथ साह जानकारी देहनी ।
नव गठित समिति के बरिष्ठ उपाध्यक्ष मे हजारी साह, उपाध्यक्ष मे श्रीलाल साह तेली, पारसनाथ प्रसाद साह, प्रदिप कुमार साह, महिला उपाध्यक्ष रेखा साह, सचिव मे विरेन्द्र साह, सह सचिव छोटेलाल साह, कोषाध्यक्ष नितेश गुप्ता लगायत के सदस्यलोग चयन भईल जनावल गईल बा ।
समाज के अध्यक्ष ध्रुव साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य राजेश्वर साह, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल, सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक रमेश बस्नेत, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक तेज पोखरेल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






