जसपा के भिखमपुर मे होली मिलन समारोह

वीरगंज ०२ चईत
जनता समाजबादी पार्टी नेपाल धोबिनी गाँवपालिका द्वारा आयोजना कर्यल होली मिलन समारोह आजु धोबिनी गाँवपालिका के भिखमपुर मे पुरा भईल बा ।
जसपा के युवा नेता मदन चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी प्रदेश साँसद सिंगासन साह कलवार जसपा नेपाल पार्टी मधेशी जनतालोग के मुटु मे रहल बतवनी । ई पार्टी मधेशी के पहिचान आ अधिकार दिलावल पार्टी ह । जसपा पार्टी के सरकार मधेशी जनतालागे के खातिर पहिचान आ अधिकार के साथे मधेश मे बिकास के गंगा बहावल दाबी कईनी । जनानी लइकालइकी लगायत आउर सेक्टर मे बिकास निर्माण के काम जसपा के सरकार मधेश प्रदेश मे करके देखावल प्रदेश साँसद कलवार दाबी कईनी ।
कार्जक्रम मे जसपा प्रदेश समिति सदस्य सलाउदिन अहमद, गौरीशंकर साह दादा, जसपा के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव, सचिव तबरेज अहमद, जसपा के युवा नेता दिभाकर पटेल, लोजपा के पप्पु पटेल, जसपा के देबेन्द्र पटेल, दिपक सर्राफ, वार्ड अध्यक्ष ललन कुर्मी, मनाउर मियाँ लगायत के लोग अबिर गुलाल लगावत शुभकामना आदान प्रदान कईले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन सचिन सिंह कईले रहनी ।





