अलौं मे स्व. कोईराला के १२ वाँ स्मृति दिवस मनावल गईल

वीरगंज ०७ चईत

स्व. गिरिजा प्रसाद कोईराला के १२ वाँ स्मृति दिवस के अवसर मे गिरिजा प्रसाद फाण्डेशन पर्सा के आयोजना मे आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं मे बतकही तथा सम्मान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे नेपाली काग्रेंस के पुर्व मन्त्रि तथा केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार चौरसिया स्व. गिरिजा प्रसाद कोईराला के मुल मन्त्र राष्ट्रि सहमति सहकार्य आ एकता के जरुरत अभी देखल गईल बतवनी ।

उ गिरिजा बाबु नेपाल के मात्र ना होके एसिया महाद्विप के हि एक असल आ कुसल राज नेता रहल दाबी कईले रहनी ।

नेपाल बुलेट के घेरा मे परल समय राज्य के ब्यालेट मे लियाके देश के निकास देत राजनितिक स्थायीत्व भी कायम कईल उ बतवनी ।

मधेशी दल से भ्रष्टाचार के पराकाष्ठा नाघल मधेशी जनता संगे झुट के खेति मात्र कईल बतावत कांग्रेस पर्सा के अध्यक्ष जनाद्र्धन सिंह क्षेत्रि भ्रम आ झुट के खेति करेवाला के पछाडि ना लागे खातिर निहोरा कईनी ।

फाउण्डेशन पर्सा स्मृति दिवस के अवसर मे अलौ के ७० जने बुढलोग के सम्मान भी कईले बा । नेपाली कांग्रेस मार्फत देश आ जनता के खातिर आपन समाजिक योगदान पुगावेवाला के सम्मान कईल फाउण्डेशन पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुदिन बतवनी ।

नेपाली कांग्रेस के क्षेत्रिय सभापति भी रहल अध्यक्ष सहाबुदिन के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कांग्रेस पर्सा के उप सभापति राम नारायण प्रसाद कुर्मी, नेता दिना प्रसाद गुप्ता, नरेन्द्र साह लगायत के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन हरिनारायण प्रसाद यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।