एमाले प्रवेश के घोषणा कईल लोसपा नेता सिंह जसपा मे कईलें प्रवेश सभी तह मे चुनावी गठबन्धन सम्भव नईखे : उपेन्द्र यादव

वीरगंज ०७ चईत
नेकपा एमाले मे प्रवेश करेके घोषणा कईल लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) के प्रभावशाली नेता राजेशमान सिंह सोमार के दिने जनता समाजवादी पार्टी (जसपा मे) प्रवेश कईले बाडन । सोमार के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल जसपा के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे जसपा के केन्द्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव नेता सिंह के माला आ खादा ओढाके पार्टी मे प्रवेश करवले बानी ।
२०७४ के निर्वाचन मे वीरगंज महानगर के नगरप्रमुख मे पराजित भईल सिंह बितल माघ २८ गते वीरगंज मे पत्रकार सम्मेलन करके खुद लोसपा परित्याग करके एमाले मे प्रवेश करेके घोषणा कईले रहलन । उनका के एमाले मे औपचारिकरुप मे प्रवेश करावे खातिर चईत ८ गते वीरगंज मे बृहत कार्जक्रम करके एमाले अध्यक्ष केपी ओली पार्टी मे स्वागत करेके कार्जक्रम भी एमाले तय कईले रहे ।
एमाले वीरगंज महानगर के नगरप्रमुख मे उम्मेदवार बनावेके आश्वासन मिलला से नेता सिंह एमाले प्रवेश करेके घोषणा कईल चर्चा चलल रहे । माकिर, जसपा से निर्वाचित वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजय सरावगी बितल फागुन २८ गते एमाले मे प्रवेश कईला के बाद नेता सिंह एमाले नेतृत्व उपर रुष्ट बनल रहलन ।
एमाले नेतृत्व आवेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन मे वीरगंज के नगर प्रमुख मे सरावगी के उम्मेदवार बनावेके शर्त मे पार्टी प्रवेश करईला के बाद नेता सिंह एमाले नेतृत्व उपर रुष्ट बनल रहलन । नगरप्रमुख सरावगी के एमाले अध्यक्ष ओली वीरगंज मे आके पार्टी मे प्रवेश करईला के बाद रुष्ट बनल नेता सिंह एमाले मे भ्रष्टाचारी नगरप्रमुख सँगे रहके काम करे ना सकेके प्रतिक्रिया सामाजिक संजाल मार्फत देहले रहलन ।
सोमार के दिने जसपा मे प्रवेश कईल नेता सिंह के जसपा वीरगंज महानगर के नगर प्रमुख मे उम्मेदवार बनावेके लगभग पक्का हि बा । ओकर संकेत जसपा के नेतालोग कईले बाडन । सोमार के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत पर्सा के संघीय सांसद प्रदीप यादव जसपा के ओरी से आवेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन मे वीरगंज महानगर के नगर प्रमुख पद के उम्मेदवार नेता सिंह के घोषणा करे खातिर पार्टी नेतृत्व के निहोरा भी कईले रहलन ।
ओकरा बाद कार्जक्रम के सम्बोधन कईल जसपा अध्यक्ष उपेन्द्र यादव भी नेता सिंह जसपा मे प्रवेश कईला सँगे अब वीरगंज महानगर सक्षम आ योग्य नेतृत्व मिलेके उदघोष कईनी । २०७४ साल के स्थानीय तह के निर्वाचन मे वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख मे तत्कालिन राजपा से चुनाव लडल सिंह १२ हजार १ सय ६५ मत के साथ तिसरका जगहा मे रहके पराजित भईल रहलन ।
२०७० साल के निर्वाचन मे भी पराजित भईल रहलन । वीरगंज मे युवालोग बीच लोकप्रिय मानल गईल नेता सिंह एकरा से पहिले तत्कालिन राजपा के महासचिव भी रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत जसपा के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव आवेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन मे सभी तह मे सत्तागठबन्धन मिल के चुनाव लडल सम्भव ना भईल बतवले बाडन । सत्तागठबन्धन मे रहल नेकपा माओवादी आ नेकपा एकीकृत समाजवादी गठबन्धन चुनाव तक कायम रहेके बता रहल समय जसपा अध्यक्ष यादव सभी तह मे गठबन्धन मिल के चुनाव लडेके सम्भव ना देखल गईल बतवले बाडन ।
उ आवेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन मे सभी पालिका मे जसपा अकेले चुनाव लडे सकेके तागत राखल भी बतवनी । प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा गठबन्धन सरकार के साझा नीति तथा कार्जक्रम कार्यान्वयन के सवाल मे बेइमानी कर रहल आरोप अध्यक्ष यादव लगवनी ।
साझा नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख नागरिकता ऐन सशंधोन, संविधान संशोधन, जनसंख्या के आधार मे हरेक निकाय मे समानुपातिक प्रतिनिधित्व लगायत के बुँदा कार्यान्वयन मे प्रधानमन्त्री देउवा चाँसो हि ना लेहल यादव बतवनी ।
नेपाल के कम्युनिस्टलोग वास्तविक कम्युनिस्ट ना भईल टिप्पणी करत यादव, ’इहाँ के कम्युनिस्टलोग नाम मात्र के कम्युनिस्टलोग हउवन, उलोग के धन्दा दोसर बा ।’ एमाले अध्यक्ष केपी ओली पूर्वराजा महेन्द्र शाह के अनुयायी बनल आरोप भी उ लगवनी ।
जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के संघीय परिषद् अध्यक्ष एवं पूर्वप्रधानमन्त्री डाक्टर बाबुराम भट्टराई, मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।






