अबैध लागू औषध ईन्जेक्सन सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ११ चईत
अबैध लागू औषध ईन्जेक्सन सहित एक जने के बारा प्रहरी पकडले बा । वियफे के दिन करिब रात के ९ ः०० बजे के समय मे प्रहरी चौकी पथलैया जीतपुरसिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नं. १ मे पुर्व–पश्चिम राजमार्ग अन्तरगत पथलैया चोक मे चेकिङ डिउटी खटल प्रहरी टोलि ईन्जेक्सन सहित पकडले बा ।
पकडाईल सर्लाही के पर्सा गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ संग्रामपुर घर भईल २० बरिस के मिथलेस कुमार मंडल रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
सर्लाही से काठमाण्डु जारहल ना ७ ख २६८१ नं.के सुपर राजेश डिलक्स यात्रु बाहक बस रोक के चेकजाँच कईला पर बस के पछाडि डिकी मे लुकाई छिपाई लियारहल दु हजार नव सय ९० गो ईन्जेक्सन सहित मंडल पकडाईल प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।
डाईजोपाम नव सय ९७ गो, फेनारगन एक हजार सात गो आ नुर्फिन नव सय ८६ गो परिमाण के लागू औषध सहित पकडाईल मंडल के बारा जिल्ला अदालत से लागू औषध मुद्दा शिर्षक मे पहिलका बेर ५ के म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






