ठोरी मे मन्त्रिपरिषद बईठक ः दस करोड रोपेया सहित ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा

वीरगंज ११ चईत

तराई मधेस के मिनी उपत्यका के रुप मे चिन्हाईल पर्सा के ठोरी के मधेस प्रदेश सरकार ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा कईले बा । ठोरी के पर्यटकीयस्थल राइधारा मे शुक के सँझिया आयोजना कईल कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत ठोरी के ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा कईले बाडन ।

ओकरा से पहिले शुक के सँझिया ठोरी–२ स्थित ठोरी जंगल रिसोर्ट मे बईठल मधेस प्रदेश सरकार के मन्त्रिपरिषद बईठक से ठोरी के ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा करेके निर्णय कईले रहे । ओकरा बाद सँझिया राइधारा मे आयोजना कईल औपचारिक कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री राउत मन्त्रिपरिषद के निर्णय सुनावत ठोरी के ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा कईले बाडन ।

उ अवसर मे मुख्यमन्त्री राउत ठोरी मे पर्यटकीय पूर्वाधार विकास के खातिर प्रदेश सरकार तत्काल के खातिर १० करोड रोपेया बजेट उपलब्ध करावे के निर्णय कईनी । उ ठोरी पर्यटकीय सम्भावना लेहल मधेस प्रदेश के एक महत्वपूर्ण स्थान रहल कहत ठोरी के पर्यटकीय स्थल के रुप मे विकसित करेके बतवनी ।

’आजु ‘पर्यटकीय क्षेत्र’ घोषणा कईल गईल, इहाँ पर्यटकीय पूर्वाधार निर्माण आ विकास के खातिर तत्काल १० करोड रोपेया उपलब्ध करावे के निर्णय भी कईल गईल । जरुरत मुताविक आउर सहजोग करे खातिर भी सरकार प्रतिबद्ध बा,’ उ कहनी ।

प्रादेशीक राजधानी जनकपुर बाहर पहिलका बेर बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक मे प्रदेश सरकार के भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री रामसरोज यादव, भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारीमन्त्री विजय यादव, उद्योग तथा पर्यटनमन्त्री शत्रुधन महतो, अर्थमन्त्री शैलेन्द्र साह, खानेपानी तथा उर्जामन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह, आन्तरिक मामिला तथा सञ्चारमन्त्री भरत साह, महिला युवा तथा बालबालिका मन्त्री वीरेन्द्रकुमार सिंह, कानुनमन्त्री ओमप्रकाश यादव करके ९ जने मन्त्री सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।