बारा मे एसिड प्रहार से एक जनानी घायल

बारा ११ चईत

बारा मे एसिड प्रहार से एक जनानी घायल भईल बाडि । वीरगंज–११ श्रीपुर रहेवाला उमेश साह के मेहरारु २८ बरीस के सीता पटेल घायल भईल बानी । उनकर देह एसिड से जरल बा ।

शुक के सँझिया ८ बजे बारा कलैया उपमहानगरपालिका–२३ कोरिया टोल लगे उलोग उपर एसिड प्रहार भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा । वीरगंज से माइती घर कलैया जाएके समय मे जेठाजु रामबाबु साह आ ससुरा जवाहिर साह एसिड प्रहार कईल आरोप उ लगवले बानी । पुलीस उलोग दुनु जने के वीरगंज से नियन्त्रण मे लेके कलैया लिया रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक राजेश थापा जानकारी देहनी ।

ना.६०प ७२७९ नं. के स्कुटी आईल उलोग सीता उपर एसिड प्रहार करके भागल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।