नीति बनल नियती ना बदलला से शिक्षा मे सुधार ना भईल

प्रभु यादव

बारा १२ चईत

बारा के कलैया मे शिक्षा अधिकार के खातिर समता आ समावेशीकरण विषय मे एक दिने जिल्ला स्तरीय सिकाई आदानप्रदान कार्जक्रम शुक के दिने सम्पन्न भईल बा ।

कार्जक्रम के सहभागी सब नीति बनल नियती ना बदलला से शिक्षा मे सुधार ना भईल बतावले बानी । पालिका स्तर मे माध्यमिक तह के अधिकार देहला से सुधार होखे के सट्टा जनप्रतिनिधि के आपन नीति से कामकाज करावला से निति नियम कार्वन्यन होखे ना चस जनकारी करावले रहनी । कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा अधिकृत विजय अधिकारी, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के शिक्षा अधिकृत हरिश भट्ट आ फेटा गाँवपालिका के शिक्षा अधिकृत मानबहादुर बोहरा स्थानिय तह मे शिक्षा के नीति नियम बनावे ना सकल जनकारी करावले रहनी ।

जनजागरण युवा क्लव, एन सि ई नेपाल, प्रज्ञा नेपाल आ भिएस ओ नेपाल के आयोजना मे इरोपियन युनियन के आर्थिक सहजोग मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा । कार्जक्रम के सम्बन्ध मे राम गैरे, शुभेनद्रमान श्रेष्ठ आ राजेश पहाडी सहभागी लोग के प्रशिण देत विद्यालय से अभि भी २० प्रतिशत लईकालईकी बाहर रहल जनकारी करावले रहनी । फेटा गाँवपालिका के उपाध्यक्ष कमरून अंसारी के प्रमुख अतिथि मे भईल कार्जक्रम मे जन जागरण युवा के कोषाध्यक्ष सियाराम यादव, एन जिओ फेडरेशन के उतिमलाल चौरसिया, बबिता जयसवाल, बृजमोहन कुशवाहा, शिक्षक प्रमहंश यादव, शम्भु मंडल लगायत के सहभागी लोग तीन तह के सरकार के अन्यौल आ निति ना बनला से शिक्षा मे सुधार ना होखे के बतावले रहनी । कार्जक्रम के संचालन मनोज यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।